थुना मे मृत्यु प्रकरण मे रौतहट के एसपी सहित ६ पुलीस विरुद्ध जाहेरी

रौतहट २४ भादो
थुना मे रहल समय युवक के मृत्यु भईल घटना मे पीडित परिवार रौतहट के तत्कालिन जिल्ला प्रहरी प्रमुखसहित ६ जने विरुद्ध जाहेरी देहले बा ।
इलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा के हिरासत मे मृत्यु भईल विजय महरा के बाबु पनिलाल महरा यातना आ ज्यान सम्बन्धी कसूर मे अनुसन्धान करे खातिर रौतहट के तत्कालिन प्रहरी प्रमुख एसपी रविराज खड्का सहित ६ जने विरुद्ध जिल्ला सरकारी वकिल कार्यालय मे जाहेरी देहले बाडन ।
पनिलाल इलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा के तत्कालिन डीएसपी ज्ञानकुमार महतो, प्रहरी निरीक्षक नवीन सिंह, सई वीरेन्द्र यादव, हवल्दार फिरोज मियाँ धुनियाँ आ मुन्ना सिंहविरुद्ध जाहेरी देहले बाडन ।
महतो विजय महरा के मृत्यु भईला पर इलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा के प्रमुख रहनी । वीरेन्द्र यादव गरुडा मे कार्यरत बाडन ।
एहितरे प्रहरी निरीक्षक नवीन सिह आ हवल्दारद्वय मियाँ आ सिंह निरन्जन राम के हत्या के घटना के बाद उ घटना के अनुसन्धान के खातिर गरुडा आईल रहलन ।
गाँव के युवक निरन्जन राम हत्या आरोप मे ३२ सावन मे पकडाईल विजय महरा के हिरासत मे रहल समय ईलाज के समय मे वीरगंज के नेशनल मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल रहे ।
घटना के बाद पुलीस रौतहट के एसपी खड्का के फिर्ता बोलाके अभी दोसर एसपी सिद्धिबिक्रम शाह के पठवले बा ।
उ जाहेरी के जिल्ला सरकारी वकिल कार्यालय जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे पठवले बा ।






