ठोरी मे नयाँ प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत आजु से हाजिर भईलें

मेघराज राय

जीराभवानी २५ भादो

ठोरी गाँवपालिका के नयाँ प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के रुप मे आईल कृष्ण लाल श्रेष्ठ आजु गापा कार्यलय मे हाजिर होके आपन काम के औपचारिक सुरुवात कईले बाडन ।

श्रेष्ठ के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत धर्मराज थापा लगायत गाँवपालिका के आउर कर्मचारीलोग स्वागत कईले बाडन ।

स्वागत कार्जक्रम मे केहु भी जनप्रतिनिधिलोग उपस्थित ना भईल एक कर्मचारी बतवनी ।

लम्हर समय से खाली रहल प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत पद श्रेष्ठ अईला सँगे पूरा भईल बा ।

एकरा से पहिले नविन गङतान लामा गईला के बाद प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के पद खाली रहत आईल रहे ।

ठोरी गाँवपालिका ४ बिजयबस्ती स्थायी घर भईल श्रेष्ठ एकरा से पहिले कालिका नगरपालिका चितवन मे कार्यरत रहनी ।

ठोरी गाँवपालिका मे जनमके बढल आदमी आपन गाँवपालिका मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत जईसन भुमिका मे आईल सुनला पर गर्व लागल स्थानीय बासी बतवले बाडन ।

कार्यालय मे हाजिर भईल श्रेष्ठ के अबिर एवं खादा लगाके स्वागत कईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।