रौतहट के डीएफओ हेमन्त साह के खिलाफ अख्तियार में उजुरी

रौतहट के डीएफओ हेमन्त साह के खिलाफ अख्तियार में उजुरी

जनकपुरधाम, २४ बैशाख

रौतहट डिभिजन वन कार्यालय के प्रमुख हेमन्त साह पर भ्रष्टाचार, काठ तस्करी, जंगल विनाश आ सरकारी सम्पत्ति के दुरुपयोग के आरोप लगावत अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग समेत कई निकाय में उजुरी दर्ता करावल गइल बा।

चुरे तथा वनजंगल संरक्षण अभियान नेपाल के अध्यक्ष सूनिल कुमार यादव बिही के दिन हुलाक मार्फत अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के केन्द्रीय कार्यालय काठमाडौं, क्षेत्रीय कार्यालय बर्दिवास आ हेटौंडा, राष्ट्रिय सतर्कता केन्द्र तथा प्रधानमन्त्री कार्यालय सिंहदरबार में विस्तृत उजुरी पठवले बाड़न।

उजुरी में कहल गइल बा कि डिभिजन वन कार्यालय रौतहट के प्रमुख हेमन्त साह वन ऐन के खिलाफ काम, सामुदायिक वन के रकम हिनामिना, काठ तस्करी आ जंगल फँडानी में संलग्न रहल बाड़न।

अभियान के अनुसार हेमन्त साह महोत्तरी में डिभिजनल वन अधिकृत रहला के समय से ही विवाद में रहल बाड़न। ओही दौरान अख्तियार उनकर खिलाफ अनुसन्धान करके विशेष अदालत में मुद्दा दायर कइले रहे, जे मामला अभी सर्वोच्च अदालत में विचाराधीन बतावल गइल बा।

उजुरी में आरोप लगावल गइल बा कि सर्वसाधारण खातिर सहुलियत दर पर उपलब्ध होखे वाला काठ कुछ सःमिल व्यवसायी से मिलिभगत करके गोप्य टेन्डर मार्फत कम दाम में बेचाइल। प्रति क्यू फिट काठ पर ५०० से १००० रुपियाँ तक कमिशन लिहल गइल दावा भी कइल गइल बा।

एहिजा तक कि कई सामुदायिक वन के दिगो वन व्यवस्थापन कार्ययोजना खातिर आइल करीब २० लाख रुपियाँ अनियमित ढंग से निकाल के दुरुपयोग कइल गइल आरोप बा। जनएकता, जनचाहना, हातेमालो आ तिलेश्वरनाथ सामुदायिक वन उपभोक्ता समूह के खाता से रकम हिनामिना भइल बतावत बैंक स्टेटमेन्ट आ अडिट रिपोर्ट जाँच करे के माँग कइल गइल बा।

उजुरी में गैडाटार इलाका में करीब पाँच हेक्टर जमीन पर सिसौ जंगल कटवाके घुस लिहल, नुनथर पर्यटन क्षेत्र में नियमविरुद्ध जिपलाइन बनवावल आ नमुना सामुदायिक वन से हजारों क्यू फिट साल के काठ तस्करी करवावे के आरोप भी शामिल बा। प्रमाण मिटावे खातिर आगजनी करावे के दावा भी कइल गइल बा।

एहके अलावा जंगल क्षेत्र में तस्कर लोग से मिलके अवैध फँडानी करावे, कार्यालय तोडफोड सम्बन्धी मुद्दा मिलावे खातिर घुस लिहे आ चुरे क्षेत्र में क्रसर उद्योग द्वारा हो रहल दोहन पर मौन समर्थन देवे के आरोप भी लगावल गइल बा।

पौराही सब-डिभिजन अन्तर्गत चलावल गइल चार्जिङ सेन्टर के वैधानिकता पर भी सवाल उठावल गइल बा।

उजुरी में खोरकटी सामुदायिक वन उपभोक्ता समूह के कार्यक्रम में डीएफओ साह द्वारा पदाधिकारी लोग के “जेल जाए से बचवले” वाला अभिव्यक्ति के भिडियो सुरक्षित रहल दावा करत कहल गइल बा कि एह बयान से वन अपराध में उनकर संलग्नता झलकत बा।

एह बीच अभियान मधेश प्रदेश के वन तथा वातावरण मन्त्रालय पर भी सवाल उठवले बा। अभियान के कहना बा कि एके जिला में कर्मचारी के लमहर समय तक राखल आ सरुवा भइला के बाद फेर ओही जगह पोस्टिंग देवे के प्रवृत्ति से सुशासन पर गम्भीर प्रश्न उठत बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।