सडक दुर्घटना मे पर के एके घर के ३ जने घटनास्थल मे मरले

प्रभु यादव
बारा ११ कुआर
बारा मे सडक दुर्घटना मे पर के एके घर के तीन जने मरल बाडे ।
पूर्व–पश्चिम लोकमार्ग अन्तर्गत निजगढ पथलैया सडक खण्ड मे जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका १ मे रहल दुधौरा नदि के पुल नजिक मे भइल दुर्घटना मे पर के तिनु जने के घटनास्थल मे ज्यान गईल बा ।
पथलैया से निजगढ ओर आरहल ना ४ ख नंम्बर मे बस निजगढ से पथलैया के ओर जारहल प्रदेश नं. २–०३–००४ प ४४४२ नम्बर के स्कुटी के ठक्कर देला पर स्कुटी पर सवार रहल तीन जने के घटनास्थलमे ज्यान गईल बारा प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।
मरेवाला निजगढ नगरपालिका वडा नं. १० लालगाव के २५ बरसिय तिर्थमान स्यांतान, उनकर २२ बरीस के जनाना ज्योती स्यांतान आ उनकर १ बरीस के बेटा घटनास्थल मे मरल बाडे जिल्ला प्रहरी कार्यलय बारा के प्रहरी नायब उपरिक्षक मिश्रा जानकारी करावले बानी ।
दुर्घटना भइला वाद बस प्रहरी नियन्त्रण मे लेहले बा बस चालक फरार रहल उनकर खोज तलास होरहल बारा प्रहरी बतावले बा ।






