चीनिया गतिविधि विरुद्ध कलैया मे विरोध र्‍याली

बारा १३ कुआर

चीनिया गतिविधि विरुद्ध कलैया मे विरोध र्‍याली निकालल गईल । चुरे तथा बन जङ्गल संरक्षण अभियान के संयोजक पर्यावरण अभियानता सुनिल यादव के नेतृत्व मे रामजानकी मन्दिर से निकलल बिरोध र्‍याली कलैया बाजार परिक्रमा कर के भरत चौक मे कोण सभा कर के कार्यक्रम सम्पन्न भइल रहल ।

र्‍याली मे चिनियाँ अतिक्रमण बन्द कर , चाईनिज बिस्तार वाद मुर्दावाद, नेपाली भुमी मिलावे के नामिली , नेपाली सिमा आ पिलर आपना ओर मिलावे के ना मिली , जईसन बहुते नारा लगावत नगर परिक्रमा कईले रहल ।

नेपाल के भुमी चिविया सब अतिक्रमण करहल जवना मे नेपाल सरकार के भुमिका न्यून रहल जवना से सर्वसाधारण जनता चिन्तिता मे पडल यादव बतावले बानी ।

हुम्ला जिल्ला के नाम्खा गाउपालिका वडा न.६ लिमिलाप्चा २०७३ मे ३ किलोमीटर भितर भवन बनारहल लिमि बासी से बिरोध कईला पर बनावल छोडलक विरोध य्राली के अगुवा यादव जनकारी करापले बाडन ।

अभि के अवस्था मे उ ठाउ के १.५ किलोमीटर भितर नेपाल ओर भवन बनावला पर चारूओर से बिरोध प्रदर्शन होरहल बा यादव जनकारी करावले बानी ।

ओकरे अनुरुप आज बारा जिल्ला के सदरमुकाम कलैया मे बिरोध प्रदर्शन कईल गईल यादव बतावले बानी ।

बिरोध र्‍यालीम मे डा.कमरुल्लाह अंसारी, सुनिल गुप्ता, अर्बिन्द यादव, अनिल साह, किसुन यादव, कलाम अंसारी, मुनिफलाल यादव, महम्मद जाहिद अंसारी लगायत के लोग सहभागीता भईल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।