युवा बिद्यार्थी संघर्ष समिति के कार्जक्रम मे २३ जने खुनदान कईलें

वीरगंज १४ कुवार,
युवा बिद्यार्थी संघर्ष समिति प्रदेश नं. २ के आयोजना आ नेपाल रेडक्रस सोसाईटी पर्सा के सहजोग मे बारा के सिम्रौनगढ मे बृहत खुनदान कार्जक्रम पुरा कईले बा ।
सिम्रौनगढ के श्री कंकाली उच्च माध्यमिक विद्यालय मे युवा बिद्यार्थी शंघर्ष समिति प्रदेश नं. २ से कईल कार्जक्रम मे २३ जने खुनदान कईले बाडन ।
संघर्ष समिति प्रदेश नं. २ के उपाध्यक्ष सनी गुप्ता के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे डा. अजय कुशवाहा, रन्जित कुशवाहा आ सुनिल कुशवाहा विशेष सहजोग कईले रहनी ।
नेपाल रेडक्रस सोसाईटी पर्सा के उपमन्त्री साबिर अहमद एराज आ भिसिएन बारा के जिल्ला संजोजक रंजित कुशवाहा संयुक्त रुप मे खुनदान करके उदघाटन कईल कार्जक्रम मे एक जने जनानी, एक जने पुलीस सहित २३ जने खुनदान कईल जनावल गईल बा ।
कार्जक्रम मे शेख मोतिम, अजित कुमार, संतोष कुमार, मेवलाल प्रसाद, शनि कुमार गुप्ता, अरबिन्द प्र.यादव, कुन्दन कुमार जैसवाल, सचदेव राय यादव, चन्दन कुमार जैसवाल, राकेश कुश्वाहा, शान्ति देवि, अनिश कुमार कर्ण, रवि कुमार महतो, मुस्तुफा अन्सारी, गुडु कुमार, राज्विर कुशवाहा, नवीन कुमार चौधरी, रबिन्द्र कुमार, करन कुमार कुश्वाहा, उपेन्द्र पण्डित, राम्बिश्वाश कुमार कुश्वाहा, रबिन्द्र राम आ सन्दिप कुमार लगायत के लोग खुनदान कईले रहलन ।
कार्जक्रम मे रक्त संचार केन्द्र वीरगंज के उदयराज शर्मा, धीरेन्द्र झा के टोली प्रबिधिक सहजोग कईले रहलन ।





