डा. केसी के माग मे अब वार्ता : गोपीनाथ मैनाली आ जीवन क्षेत्री संयोजकत्व मे समिति गठन

काठमाण्डु २१ कुवार

प्रा.डा. गोविन्द केसी अनशन बईठल २४ दिन के बाद सरकार वार्ता के खातिर औपचारिक रुप मे समिति गठन कईले बा ।

बुध के दिने सरकार शिक्षा, विज्ञान तथा प्रविधि मन्त्रालय के सचिव गोपीनाथ मैनाली के नेतृत्व मे तीन सदस्यीय समिति गठन कईले बा ।

समिति मे स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के सहसचिव डा. गुणराज लोहनी आ चिकित्सा शिक्षा आयोग के निर्देशक दिलिप शर्मा सदस्य बाडन ।

सरकार वार्ता टोली गठन कईला के बाद डा. केसी के ओरी से वार्ता करे खातिर चार सदस्यीय समिति गठन भईल बा ।

केसी के ओरी से डा. जीवन क्षेत्री के संयोजकत्व मे चार सदस्यीय वार्ता टोली गठन भईल बा । डा. केसी के सहजोगी प्रितम सुवेदी के मुताविक वार्ता टोली के सदस्य मे डा अंजनीकुमार झा, डा. लोचन कार्की आ ओम प्रकाश अर्याल सदस्य बाडन ।

अनशन के २३ वाँ दिन मंगर के दिने अनशनस्थल मे पुग के डा. केसी सँगे पहिलका बेर सरकारी प्रतिनिधि के ओरी से शिक्षा सचिव मैनाली अनशन फिर्ता लेवे खातिर निहोरा कईले रहलन ।

सरकार बुध के दिने मैनाली के नेतृत्व मे वार्ता समिति गठन कईले बा ।

भादो २९ गते जुम्ला के एक धर्मशाला से १९ वाँ अनशन सुरु कईल केसी के कुवार ५ गते नेपालगंज लियावल रहे ।

स्वास्थ्य अवस्था गम्भीर बनल कहत नेपालगंज से हेलिकप्टर मे कुवार ६ गते काठमाण्डु लिअईला के बाद उ त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे अनशनरत बाडन ।

२४ दिन से अनशनरत केसी के जीवनरक्षा मे सरकार से पहल ना कईल कहत बुध के दिने नेपाल चिकित्सक संघ आन्दोलन के घोषणा कईले रहे ।

संघ तत्काल सरकार से वार्ता टोली गठन करके उनकर सत्याग्रह के अन्त्य ना कईला पर आउर आन्दोलन करेके चेतावनी देहले रहे ।

चिकित्सा शिक्षा क्षेत्र सुधार के माग करत २४ दिन से अनशनरत केसी के स्वास्थ्य अवस्था गम्भीर बनल बा । स्वास्थ्य अवस्था गम्भीर बनत गईला से डा. केसी के आइसीयू मे राखेके उनकर ईलाज मे संलग्न चिकित्सक बतवले बाडन ।

डा. केसी कर्णाली स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे तत्काल पूर्वाधार आ जनशक्ति पुगाके एमबीबीएस कार्जक्रम सञ्चालन करेके, कोभिड तथा आउर बेमारी के खातिर उचित ईलाज के व्यवस्था होखेके सहित ६ गो माग के अगाडि बढवले बाडन ।

२०७५ सावन १० गते के सम्झौता मुताविक चिकित्सा शिक्षा ऐन संशोधन होखेके माग के केसी प्राथमिकता के साथ उठवले बाडन ।

उ त्रिवि चिकित्साशास्त्र अध्ययन संस्था मे वरिष्ठता के उलटा नियुक्ति भईला मे सँचियावेके, बयलपाटा अस्पताल के नियमित जरुरी बजेट के व्यवस्था करके दिगो निःशुल्क सेवा सुनिश्चित करेके आ भ्रष्टाचार के अनेकन काण्ड मे पडल के कारबाही करेके प्रमुख ६ गो माग अगाडि बढवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।