भईस सहित आदमी पकडईलें

प्रभु यादव
बारा २१ कुवार
जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से खटल प्रहरी टोली के गस्ती तीन गो भईस सहित पिकप पकडले बा ।
बारा के सुवर्ण गाँवपालिका वार्ड नं.७ के सडक मे उपमहानगरपालिका वार्ड नं.१६ के बरीस ३२ के भैयाराम कुर्मी चलारहल ना ४ च ४२८ नम्बर के पिकप मे भारत से अवैध रुप मे चोरी कर के भन्सार छल के लियारहल बुध के दिने करिब सबेरे ९ बजे प्रहरी टोली पकडल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी करावले बानी ।
भईंस के परल अनदाजी मुल्य एक लाख २६ हजार के भईस ३ गो आ पाडा १ गो पकड के नियन्त्रण मे लेहले रहल ।
पकडाईल भईंस, पाडा आ पिकप सहित अन्जादी मुल्य आठ लाख, आ चालक भैयाराम कुर्मी के भन्सार ऐन मुताविक जरुरी कारवाही के खातिर भन्सार कार्यालय वीरगंज पर्सा मे पेठावल गईल प्रवक्ता मिश्र जानकारी करावले बानी ।






