आईसीपी से छुटल गाडी मे लागुऔषध सहित ३ जने पकडईलें

वीरगंज २५ कुवार

पुलीस आईसीपी होत आईल गाडी से बहुते परिमाण मे लागुऔषध बरामद कईले बा । लागुऔषध ओसार पसार मे संलग्न रहल आशंका मे पुलीस तीन जने आदमी के भी पकडले बा ।

पुलीस ट्रक चालक भारत पूर्वी चम्पारण जिल्ला मोतिहारी थाना रक्सौल ग्राम गम्हरिया पोष्ट हर्दिया वार्ड नं.४ रहेवाला २० बरीस के बिक्रान्त पटेल, ट्रक मे सवार २८ बरीस के रामबालक राम आ २० बरीस के आकाशकुमार राम के पकडले बा ।

इलाका प्रहरी कार्यालय सुगौली बिर्ता के टोली शनिचर के रात १० बजे के समय मे वीरगंज महानगरपालिका–२४ बहुअरी चोकस्थित रामगढवा सडक खण्ड से लागुऔषध सहित के ट्रक आ तीन जने के नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से देहल जानकारी मुताविक वीरगंज के एकीकृत भन्सार जाँच चौकी से जाँचपास होके आईल एचआर३८भी ४८९५ नम्बर के ट्रक के डाईबर क्यावीन से, डाईबर रहेवाला सिट के पछाडि के सिट के निचे तथा बोर्नट के क्यावीन मे लुकाके लिया रहल अवस्था मे लागुऔषध बरामद भईल रहे ।

नुर्फिन २९७ एम्पुल, फेनारगन २९७ एम्पुल, डाइजेपाम २९७ एम्पुल करके लागुऔषध इन्जेक्सन ८९१ थान आ २१ सय एमएल विनसिरेक्स १२ सय ६ बोताल ट्रक से बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख गंगा पन्त जानकारी देहनी ।

‘आईसीपी से जाँच पास होके निकलल ट्रक ह, हेटौंडा ओरी जाए लागल बा,’ कहत उ, ‘ओमे लागुऔषध बा कहके सूचना मिलला के बाद हमनी के टोली नियन्त्रण मे लेके चेकजाँच कईला पर बहुते परिमाण मे लागुऔषध मिलल बा । तीन जने आदमी सहित नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान सुरु कईल गईल बा ।’

पकडाईल तीनु जने के लागुऔषध नियन्त्रण ऐन २०३३ बमोजिम लागुऔषध सम्बन्धी कसुर मुद्दा दर्ता करके आउर अनुसन्धान सुरु कईल पुलीस जनवले बा ।
लागुऔषध नियन्त्रण सम्बन्धी ऐन २०३३ के दफा १४(१) के (झ) मुताविक लागुऔषध ओसारप्रसार भा निकासी पैठारी मे संलग्न आदमी के २ बरीस से १० बरीस तक कैद आ १ लाख से २० हजार रोपेया जरिवाना होखी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।