पोखरिया नगरपालिका के चउथका नगरसभा पुरा

वीरगंज २६ कुवार

पर्सा के पोखरिया नगरपालिका के चउथका नगरसभा पुरा भईल बा । पोखरिया नगरपालिका के सभा हल मे आजु भईल नगर सभा के पोखरिया नगरपालिका के मेयर दिपनारायण रौनियार उदघाटन कईले रहनी ।

नगर सभा कार्जक्रम के सम्बोधन करत जनतालोग से कईल वाचा अभी बाँकी हि रहल बतावत बाकी रहल डेढ बरीस मे जनतालोग से कईल वाचा पुरा करेके दाबी कइनी ।

राजनितिक खिंचातानी आ प्रमुख प्रशासकीय अधिकृतलोग के समस्या से पोखरिया नगरपालिका के बिकास मे समस्या भईला पर भी संघर्ष करके नगरपालिका के जनप्रतिनिधिलोग अगाडि बढल बतवनी ।
जनप्रतिनिधि आ कर्मचारीलोग बीच आवेवाला दिन मे समन्वय करके अगाडि बढेके बतवनी ।

पोखरिया नगर सभा से नगरपालिका के ५० करोड ७५ लाख ३५ हजार ३ सय ३७ रोपेया आय बजेट नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत भईल बा ।

जउना मे ७ करोड घाटा बजेट सँचिया के प्रसतुत कईल बा । आजु भईल नगरसभा मे कुल चालू खर्च ८ करोड १० लाख ९४ हजार प्रस्तुत कईनी ।

नगर सभा मे स्वास्थ्य, शिक्षा, कृषि, पशु, पर्यटन, भौतिक पुर्वधार बिकास मे विशेष जोड नगर प्रमुख रौनियार देहनी ।

नगर सभा मे उपमेयर सलमा खातुन नगरपालिका के बिकास मे सभी जनप्रतिनिधिलोग मिल के अगाडि बढे खातिर निहोरा कईले रहनी ।

नगरपालिका के प्रमुख प्रसाशकीय अधिकृत अमित गिरी जनतालोग के काम जलदी आ सहज होखेके दाबी कइनी । जनतालोग के कामकाज मे ढिलाई करेवाला कर्मचारी उपर कारवाही करेके बतवनी ।

नगर सभा मे वार्ड अध्यक्ष बंका राउत कुर्मी, सुरेन्द्र यादव, अजय कुमार गुप्ता, लक्षमण साह कानु, उमाकान्त साह, शियानन्द चौहान, नन्दलाल पटेल, किशोरी साह, रामबाबु चौहान, सोनालाल साह गोढ, नगरकार्यपालिका के सदस्य, अधिकृत बिजय झा, स्वास्थ्य संयोजक कौसलेन्द्र झा, योजना प्रमुख संजय पाण्डे, ईन्जिनियर मुकेश कुमार बानिया, आईटी अफिसर अरबिन्द दुबेदी, संदिप साह, बैजनाथ चौधरी, राजु रौनियारलगायत के सहभागीता रहल रहे ।

मेयर दिपनारायण रौनियार के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के सञ्चालन सह लेखापाल मनोज तिवारी कईले रहनी ।

नगर सभा मे पोखरिया नगरपालिका मे कार्यरत उत्कृष्ट कर्मचारी वार्ड सचिव निरज कुमार सहनी के दोसाला ओढाके प्रशंसा पत्र से सम्मान कईल रहे ।

साथे नगरपालिका के स्वास्थ्य संयोजक सेवा अवकास भईल अमलेश्वर मिश्रा के बिदाई भी कईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।