युवा संघ नेपाल बाराद्धारा शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम

प्रभु यादव
बारा ०२ कातिक,
युवा संघ नेपाल बारा शाखा शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम कईले बा । बारा के नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी कार्यालय मे हिन्दू लोग के महान पवनी वडा दशैं, शुभ दिपावली आ छठ के उपलक्ष्य मे चियापान तथा शुभकामना आदान प्रदान कईल गईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नेकपा के केन्द्रीय सदस्य अच्चुत मैनाली समाजिक दुरी हटावेला आ समाज मे एकता बढावे खातिर शुभकामना आदान प्रदान कईल जरूरी रहल कहनी ।
कोभिड मे विश्व के दक्षिण एशिया मे भुटान के वाद नेपाल सुरक्षित रहल तथ्यांक भईल जवना से नेपाली सुरक्षित भईल मैनाली जानकारी करावले रहनी ।
युवा संघ के बारा के संयोजक पुरूषोतम साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जिल्ला समन्वय समिति बारा के संयोजक नवलकिशोर सिंह, नेकपा के बारा अध्यक्ष क्षेत्रबहादुर श्रेष्ठ, पर्सा अध्यक्ष प्रभु हजारा, छठु यादव, जैनुदिन अंसारी लगायत नेता कार्यकार्यता लोग के सहभागिता रहल रहे ।






