ठोरी गाँवपलिका ३ ब्रम्हानगर मे एक घर मे आगलागी भईला पर लाखो के नोक्सानी
मेघराज राय
जीराभवानी ०६ कातिक
ब्रम्हानगर के कामीराम पाख्रीन के घर आजु दिन के जरल बा । छोट बच्चा लाइटर से खेल रहल आ ओकरा चलते आगलागी भईल अनुमान स्थानीय कईले बाडन ।
आगलागी से खाद्यान्न, लत्ताकपडा, दशहरा के खातिर व्यवस्था करके राखल नगद करके करीब १५ लाख के नोक्सानी भईल पाख्रीन के कहनाम बा ।
दशहरा के समय मे आगलागी भईला के बाद पाख्रीन के परिवार संकट मे पडल बा
। चाडबाड के समय रहेवाला आ खाएवाला सामान ना भईला के बाद बालबच्चा आ परिवार हि बिचल्ली मे पडल स्थानीय ज्ञान बहादुर पाख्रीन बतवले बानी ।
मेहनत करके दशहरा के खातिर व्यवस्था करके राखले सभी अन्न आ नगद भी आगी से नोक्सान भईला के बाद पाख्रीन के परिवार बिचल्ली मे पडल स्थानीय बतवले बाडन ।
दिनके ३ बजे सुरु भईल आगलागी स्थानीय आ इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के टोली आगी नियन्त्रण मे लेहले रहे ।





