सरोकारवाला संगे परामर्श बईठक पुरा

प्रभु यादव
बारा १६ कातिक
“सखी : महिलाको साथी” संस्था के आयोजना तथा गल्र्स फस्टफण्ड के आर्थिक सहजोग मे संचालित प्रिभेन्सिङ्ग एण्ड रेस्पोन्डिङ्ग टु चाईल्ड मैरिज एण्ड ईयरली युनियनस परियोजना अन्र्तगत आजु प्रसौनी गाँवपालिका के सरोकारवाला संगे के परामर्श बईठक गाँवपालिका के सभाहल मे पुरा भईल बा ।
परामर्श बईठक मे परियोजना संचालन के बारे मे सरोकारवाला के जानकारी करा के सल्लाह सुझाव लेवेके बईठक के मुख्य उद्देश्य रहल कार्जक्रम संयोजक विक्की महतो बतवनी ।
बाल वियाह तथा कम उमिर मे होखेवाला वियाह न्यूनिकरण तथा किशोरीलोग के क्षमता अभिवृद्धि करेके मुख्यउद्देश्य रहल उ परियोजना प्रसौनी गाँवपालिका के वार्ड नं. १ से ७ तक संचालन होखी ।
बईठक मे प्रसौनी गाँवपालिका अध्यक्ष भोल गुप्ता, उपाध्यक्ष गिता साह लगायत १ से ७ वार्ड के वार्ड अध्यक्ष तथा शिक्षा आ स्वास्थ शाखा के प्रमुखलोग के सहभागीता रहल रहे ।
कार्जक्रम के संचालन तथा स्वागत सखी संस्था के राजेश कुशवाहा कईले रहनी ।
बालवियाह न्यूनिकरण के खातिर किशोरीलोग के सचेतनामुलक कार्जक्रम से मात्र ना होके आयआर्जन तथा व्यवहारिक क्षमता अभिवृद्धि तथा शारिरीक आ मानसिक रुप मे स्वस्थ आ तन्दुरुस्त राखे खातिर किशोरीलोग के डिफेन्स लगायत के क्रियाकलाप मे विशेष जोड देवे खातिर गाँवपालिका अध्यक्ष भोला प्रसाद गुप्ता परियोजना टिम के सुझाव देहले रहनी ।






