धनुषा के सीडीओ के कोरोना संक्रमण

जनकपुरधाम १७ कातिक

धनुषा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी (सीडीओ) प्रेमप्रसाद भट्टराई मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । कोरोना परीक्षण के खातिर सीडीओ भट्टराई शनिचर के दिने स्वाब देहले रहनी ।

एतवार के रात आईल रिपोर्ट मे संक्रमण पुष्टि भईला पर भी आपना मे कउनो किसिम के लक्षण ना रहल भट्टराई बतवनी ।

‘कुछ दिन एने देह दुखईला के बाद परीक्षण के खातिर स्वाब देहले रहनी,’ कहत उ, ‘माकिर अभी ठीक बा । ओईसन कउनो लक्षण नइखे ।’

कोरोना पोजेटिभ देखल गईला के बाद भट्टराई अभी होम आइसोलेसन मे बईठल बाडन । उनका मे कोरोना देखल गईला पर भी कार्यालय सञ्चालन हो रहल बा ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी भट्टराई हमरा मे कोरोना संक्रमण देखल गईला पर भी सेवा लेवे आवेवाला सेवाग्राही के खातिर कार्यालय सञ्चालन मे राखल बतवनी । एहितरे प्रदेश २ के सांसद परमेश्वर साह मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

जनता समाजवादी पार्टी के सांसद साह मे कोरोना देखल गईला के बाद उ होम आइसोलेसन मे बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।