म्युराथन दौड प्रतियोगिता पुरा

प्रभु यादव
बारा २२ कातिक
बारा के महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्वर १ मे म्यराथन दौड प्रतियोगिता सम्पन्न भईल बा । दौड मे ७५ जने जनानी सहित ३ सय जने सहभागीता भईल रहनी ।
म्याराथुन दौड प्रतियोगिता मे महागढीमाई नपा ८ के मेराज अंसारी प्रथम, बारागढी गाउँपालिका के विसुन फेयाल राम दुसरा, रमेश राम तिसरका स्थान भईल रहलन ।
ओइसही म्याराथुन दौड प्रतियोगिता मे जनानी ओर महागढीमाईकी खुश्बु गुप्ता पहिलका, सम्झना चौधरी दुसरा, सियान्का गुप्ता तिसरा स्थान हासिल कईले रहनी ।
पहिला, दुसरा, तिसरा होखेवाला के नगर प्रमुख उपेन्द्र यादव ट्रफी पुरस्कार सहित प्रमान पत्र वितरण कईले रहलन ।
म्यराथुन दौड प्रतियोगिता मे दशवा स्थान तक सुमन कुमार साह, पप्पु यादव, रन्जय यादव, विकेश यादव, दिपेन्द्र राम के सान्तवना पुरस्कार आयोजक संस्था के तर्फ से देहल गईल ।
पुरस्कार वितरण महागढीमाई फाउन्डेसन नेपाल के संयोजक गोल्डेन गुप्ता, सोनु गुप्ता, जयराम कुशवाहा, रवि कुशवाहा, जियालाल कुशवाहा, विजेन्द्र गुप्ता लगायत सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक प्रकाश पाण्डे, प्रहरी नायब निरीक्षक प्रमोद साह, ट्राफिक नायव निरीक्षक नवलकिशोर साह लगायत के उपस्थिति मे भईल रहल ।
म्याराथुन दौड प्रतियोगिता बरियारपुर, गन्जभवानीपुर, दहियार, मल्हनी लगायत के गाव ठाव मे ट्राफिक प्रहरी, नगर प्रहरी, नेपाल प्रहरी लगायत चिकित्सक लोग के टोली राखल गईल रहे ।
महागढीमाई नगरपालिकाल के वडा नं. १ मे आयोजना भईल १० किलोमिटिर के म्याराथुन दौड प्रतियोगिता महागढीमाई नगर क्षेत्र मे पहिलका बेर आयोजना कईल गईल आयोजक संस्था के अध्यक्ष कृष्ण कुमार गुप्ता जनकारी करावले बानी ।
मिनी म्याराथुन दौड प्रतियोगिता युवा पिढीँ के स्वास्थ्य मे सुधार आ खेलकुद प्रति युवा लोग के मनोबल बढावेला उदेश्य के साथ म्याराथुन प्रतियोगिता के आयोजना कईल गईल अयोजक संस्था के अध्यक्ष गुप्ता जनकारी देहनी ।
महागढीमाई फाउन्डेसन नेपाल के आयोजना आ महागढीमाई नगरपालीका के सहयोग मे भईल कार्जक्रम मे महागढीमाई आ बारागढी गाउपालीका के सहभागी लोग दौड मे भाग लेहले रहलन ।





