पोखरीया युवा समाजद्धारा शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम

पोखरिया २७ कातिक

पोखरीया युवा समाजद्धारा चायपान सहित शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

पर्सा के पोखरीया नगरपालिका स्थित युवा समाज हिन्दुलोग के महान पर्व दिपावली तथा छठ के शुभ अवसर मे चायपान सहित शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम के आयोजना कईले बा ।

पोखरीया युवा समाज अपान समाज उपर महत्वपुर्ण भुमिका निर्वाह करत आ रहल स्थानिय बतवले बाडन ।

कोरोना महामारी के समय मे पोखरीया युवा समाज रातदिन खट के आपन समाज के खातिर महत्वपुर्ण योगदान देहल प्रत्यक्षदर्शी बतवले बाडन ।

पोखरीया युवा समाज आपन समाज मे रहल गरीब, असहाय परिवार के बेटी के वियाह आ लईकालइकी के शिक्षा के खातिर आर्थिक सहजोग भी करत आ रहल पोखरीया के युवा समाजसेवी सुजित गिरी बतवनी ।

गिरी से बतावल मुताविक आपन समाज मे रहल बहुते विपन्न गरीब परिवार के खातिर पोखरीया युवा समाज सकेभर सहजोग करे खातिर तइयार रहल बतवनी ।

पोखरीया युवा समाज के अध्यक्ष भगवान दास तत्वा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे बचन श्रीवास्तव, प्रदेश सभा सदस्य पहलाद गिरी, मन्जुर अन्सारी, पोखरीया नगरपालिका के मेयर दिपनारायण रौनियार, उपमेयर सल्मा खातुन लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
एहितरे पोखरीया युवा समाज के सदस्य रकेश महतो, नवसाद आलम, दिनेश मिश्रा, इन्द्रदेव पटेल, संतोष चौहान, मुमताज आलम, मकुबुल आलम, मनिर आलम, प्रिन्स, पवन, तराचन्द्र लगायत आउर सदस्यलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।