तीन बरीस मे बनेवाला पुल ८ बरीस पुगला पर भी अधूरे

मेघराज राय

जिराभवानी ०३ अगहन,
जिराभवानी गाँवपालिका आ पटेर्वा सुगौली जोडेवाला भलुवाही, फरहदवा आ एकटाँगा स्थित तिलावे नदी मे बन रहल पुल समय मे ना बनला से उ क्षेत्रे के स्थानीय समस्या मे पडल बाडन ।

सडक डिभिजन कार्यालय ५ बरीस पहिले ३ बरीस के समय मे पुल बनावे के ठेक्का लगवले रहे माकिर सम्झौता भईला ७ बरीस बितला पर भी पुल के काम अधूरा रहल बा ।

स्थानीय प्रेमलाल चौधरी सडक डिभिजन आ जिम्मेवार सरोकारवाला के लापरवाही के चलते समय मे पुल निर्माण होखे ना सकल बतवनी ।

उ ठेकेदार कम्पनी के समय मे काम पुरा करे खातिर सडक डिभिजन कार्यालय दबाब देवे ना सकल दुःखद भईल बतवनी ।

एकटाँगा स्थित तिलावे पुल के काम पप्पु कन्स्ट्रक्सन लेहले रहे माकिर भलुवाही खोला के वाइपी मोना जिम्मा लेहले रहे ।

पुल बनावे के काम समय मे पुरा ना भईला से सुक्खा मे धूरा आ बर्खा मे पाँकी के चलते उ क्षेत्र से आवतजावत करेवालालोग से सास्ती भोगेके पडल हृदयनारायण चौधरी बतवनी ।

उ अधूरा अवस्था मे रहल निर्माण काम पुरा करे खातिर स्थानीय तह से सडक डिभिजन आ ठेकेदार कम्पनी के दबाब देवेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।