कर्मचारी सरुवा प्रणाली के पारदर्शी बनावल जरुरी : पूर्व प्रम नेपाल

वीरगंज १० अगहन

नेपाल निजामती कर्मचारी संगठन जिल्ला कार्य समिति पर्सा के भवन आजु उदघाटन कईल बा ।

वीरगंज स्थित जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के दखिनओरी बनल दु तल्ले भवन के पूर्व प्रधानमन्त्री माधव कुमार नेपाल उदघाटन कईले बानी ।

नवनिर्मित भवन के उदघाटन करत नेकपा के बरिष्ट नेता नेपाल कर्मचारी सरुवा प्रणाली के पारदर्शी बनावे के बतवनी । उ ओकरा खातिर सिस्टम बईठावल जरुरी रहल बतवनी ।

उ कहनी “एकरा साथे बढिया काम करेवाला कर्मचारीलोग के पुरस्कृत करेके पडल आ खराब काम करेवाला के दण्डित भी करेके पडल ।” एगो दोसर प्रसंग मे नेता नेपाल भ्रष्टचारी के तह लगावे सकेके पडल कहनी ।

सरकार से भ्रष्टचारी के तह लगावेके पडल, भ्रष्टचारी के तह ना लगावे तक देश मे समृद्धि आवे ना सकि । ओकरा खातिर भ्रष्टचारी के तह लगावे सकेवाला किसिम के सिस्टम लियावल जरुरी बा कहनी ।”

पार्टी के आन्तरिक बिवाद सम्बन्ध मे बोलत नेता नेपाल पार्टी मे केहु महामहीम ना भईल बतावत सभी से पार्टी के निर्णय मानेके पडल । पार्टी से उपर केहु नइखन आ पार्टी जउन निर्णय करी ओकरा के सभी से मानेके पडल कहनी ।

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली ओरी लक्षित करत उ “आजिवन पद मे रहेके सोंच से दुर होखेके पडल आ पार्टी नयाँ पुस्ता के हस्तान्तरण करेके सोंच ओरी लागेके पडल” कहनी ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथी भी रहल नेता नेपाल साधारण जग मे अडल पार्टी नेकपा ना भईल दाबी करत नेता तथा कार्यकर्तालोग के चिन्ता ना करे खातिर निहोरा कइनी ।

नेपाल निजामती कर्मचारी संगठन पर्सा के अध्यक्ष अमित कुमार गिरी के अध्यक्षता मे भईल उदघाटन समारोह मे नेपाल निजामती कर्मचारी अधिकारी ट्रेड युनियन के कार्यवाहक अध्यक्ष भोलानाथ पोखरेल, नेपाल निजामती कर्मचारी संगठन के निवर्तमान अध्यक्ष मोहन कुमार घिमिरे, जगरनाथपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष जालिम मियाँ, पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आस्मान तामाङ, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा, नेकपा पर्सा के अध्यक्ष प्रभु हाजरा लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

कार्जक्रम मे नेकपा प्रदेश नं. २ के सह इन्चार्ज नागेन्द्र चौधरी, प्रतिनिधि सभा सदस्य शेखचान्द तारा, पुष्पा कर्ण, पोखरिया नगरपालिका के मेयर दिपनारायण रौनियार, पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका अध्यक्ष हरिनारायण चौधरी, जिराभवानी गाँवपालिका अध्यक्ष रामपृत महतो, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के उपाध्यक्ष केसी लामिक्षाने, प्रेस संगठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्य बृजलाल पासवान, राघव साह, नेपाल निजामती कर्मचारी संगठन के केन्द्रिय सदस्य मंजु लाता कुशवाहा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

नेपाल निजामती कर्मचारी अधिकारी ट्रेड युनियन पर्सा के अध्यक्ष सुभादार यादव से स्वागत कईल कार्जक्रम के संचालन नेपाल निजामती कर्मचारी संगठन पर्सा के सचिव संतोष कुमार यादव कईले रहनी ।

नवनिर्मित भवन के शिलान्यास २०७१ साल जेठ १४ गते तत्कालिन समान्य प्रशासन मन्त्री लालबाबु पण्डित कईले रहनी ।

ओकर ६ बरीस के बाद निजामती कर्मचारी संगठन पर्सा के अध्यक्ष गिरी के सक्रियता मे भवन निर्माण पुरा भईला के बाद उदघाटन कईल बा ।

अनेकन कर्मचारी के चन्दा सहजोग से रु २३ लाख १२ हजार एक ७० मे भवन निर्माण पुरा भईल बतावल गईल बा ।

भवन बनावे मे सहजोग करेवाला के दोसल्ला ओढा के सम्मान भी कईल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।