प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री राउत सरुवा रोग तथा महामारी नियन्त्रण अस्पताल के कइनी शिलान्यास

प्रभु यादव

बारा १५ अगहन
प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री राउत सरुवा रोग तथा महामारी नियन्त्रण अस्पताल के शिलान्यास कईले बानी ।

प्रदेश सरकार के नीति तथा कार्जक्रम मे समेटल योजना मे संघ सरकार भी सहजोग करेके भईला के बाद मुख्यमन्त्री राउत सहित के टोली बाराको कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १६ झिटकैया मे ५० बेड के सरुवा रोग तथा महामारी नियन्त्रण अस्पताल के आजु एगो कार्जक्रम के बीच शिलान्यास कईले बानी ।

कार्जक्रम के बारे मे समाजिक बिकास मन्त्रालय प्रदेश २ के सचीव कृष्ण काप्री ७ बिगहा जमिन मे बहुबर्षीय योजना मे रहल ई अस्पताल के खातिर अभी करिब ३२ करोड बजेट संघ सरकार से बितिय हस्तान्तरण होके आवेके आ समाजिक बिकास मन्त्रालय से बनावेके बतवले रहनी ।

जिल्ला समन्वय समिति बारा के अध्यक्ष नवल किशोर सिंह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी, विशिष्ट अतिथि प्रतिनिधि सभा सदस्य रामबाबु कुमार यादव, रामसहाय प्रसाद यादव, प्रदेश सभा सदस्य पारस प्रसाद साह, ज्वाला साह, बाच्चा यादव, कलैया उपमहानगरपालिका के प्रमुख राजेश राय यादव, उप प्रमुख रहिमा खातुन, बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपक राज नेपाल, प्रहरी उपरीक्षक कृष्ण पगेनी, कलैया उमनपा के प्रमुख प्रसासकीय अधिकृत प्रल्हाद बर्णवाल, वार्ड अध्यक्ष लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव से स्वागत कईल काजजर््क्रम के संचालन समाजिक बिकास मन्त्रालय प्रदेश २ के उपसचिव ठुलोबाबु दहाल कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे धन्यवाद ज्ञापन वार्ड नम्बर १६ के अध्यक्ष शेषनाथ साह कईले रहनी ।

एहितरे जिल्ला के करैयामाई गाँवपालिका, देवताल गाँवपालिका, प्रसैनी गाँवपालिका आ विश्रामपुर गाँवपालिका मे भी १०÷१० शैया के आधारभूत अस्पताल के शिलान्यास भईल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।