पर्सा मे युरिया खाद अईला के बाद किसान खुसी

वीरगंज १५ अगहन
रासायनिक खाद युरिया विना धान रोपल पर्सा के किसान गहँु याम मे उ खाद मिलला के बाद खुसी भईल बाडन ।
सावन से युरिया खाद के कमी भईला से धान खेती प्रभावित भईला के बाद इहाँ के किसान निराश भईला पर भी कुछ दिन एने युरिया खाद आवे लागला के बाद इहाँ के किसान के गहँु खेती करेमे सहज भईल बा ।
नेपाल सरकार के पूर्ण स्वामित्व मे रहल कृषि सामग्री कम्पनी लिमिटेड कुछ दिन एने युरिया खाद लियावे लागल बा ।
नेपाल के खातिर तिसरका देश से ३० हजार मेट्रिक टन युरिया लियावे के अभी तक एक हजार मेट्रिक टन युरिया तथा चार हजार ६०० मेट्रिक टन पोटास वीरगंज कार्यालय मे आइल प्रादेशिक प्रबन्धक गोरखनाथ केसी बतवले बानी ।
उ मेसे पर्सा के खातिर १२ हजार ५०० मेट्रिक टन युरिया चाहिं । स्विस सिङ्गापुर सप्लायर्स कोलकाता बन्दरगाह होत रेलमार्ग मार्फत वीरगंज स्थित सुक्खा बन्दरगाह मे उ रासायनिक खाद लियावेला ।
अगहन महिना भितर सभी ३० हजार मेट्रिक टन युरिया खाद आवेके उ कार्यालय जनवले बा । गहँु धान, मकई लगायत बर्खेबाली के खातिर जरुरी पडेवाला भईला से अब उ खाद आवे लागला के बाद इ कमी पुरा भईल बतावल गईल बा ।
लम्हर समय से युरिया खाद के कमी सहत आईल जिल्ला के किसान युरिया मल मिले लागला के बाद धमाधम गहुँ खेती शुरु कईल किसानलोग बतवले बाडन । उ कार्यालय धान खेती के लक्ष्य करके जिल्ला मे असार महिना तक युरिया मल बिक्री कईले रहे माकिर खाद ओरईला से ओकर कमी मे धान खेती प्रभावित भईल रहे ।
एकरा से पहिले उ कार्यालय जिल्ला के १४ स्थानीय तह मे युरिया खाद बिक्री करेवाला पुराना सहकारी संस्था से खाद बिक्री कईला पर अनियमितता करत अईला से ओकरा के खारेज करके अबउप्रान्त स्थानीय तह से सिफारिस कईल सहकारी संस्था कपे मात्र खाद बिक्रीवितरण करेके अधिकार देहल गईल बा । एगो डिलर के ४० बोरा युरिया, ४० बोरा पोटास आ ८० बोरा डिएपी बिक्री के खातिर देहल जा रहल बा । उ संस्था स्थानीय तह से तोकल दाम मे मात्र रासायनिक खाद बिक्री करेके मिली ।
सरकारी स्वामित्व मे रहल कृषि सामग्री कम्पनी लिमिटेड प्रादेशिक कार्यालय वीरगंज १४ स्थानीय तह मे आपन डिलरमार्फत आर्थिक बरीस २०७६÷७७ मे रु ३६ करोड ९३ लाख सात हजार ८६० मूल्य बराबर के करीब १४ हजार ८५९ दशमलब ४५ मेट्रिक टन रासायनिक खाद बिक्री कईले बा ।






