पर्सा मे ८ कठ्ठा मे रोपल गाँजा खेती पुलीस कईलख नोक्सानपर्सा मे ८ कठ्ठा मे रोपल गाँजा खेती पुलीस कईलख नोक्सान

वीरगंज ०१ पुस,
पर्सा पुलीस अन्दाजी ८ कठ्ठा १५ धुर मे रोपल अवैध गाँजाखेती नोक्सान कईले बा । गाँजा सोहनी कर रहल अवस्था मे एक जने के पकडले बा ।
गाँजा खेती सोहनी करत आईल अवस्था मे सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका– १ औराहा के ६० बरीस के कमल चौधरी पकडाईल बाडन । चौधरी ३ कठ्ठा जमिन मे गाँजा खेती कईल मिलल पुलीस जनवले बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा आ इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली के टोली गाँजा नोक्सान कईला के साथे गाँजा सोहनी करत आईल चौधरी के पकडले रहे ।
चौधरी के जरुरी कारबाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे पठावल गईल इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामकाजी थापा जानकारी देहनी ।
सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के जमुनिया मे ३ कट्ठा, औराहा मे ५ कठ्टा ८ धुर आ पर्सागढी नगरपालिका मे ७ धुर करके जम्मा ८ कट्ठा १५ धुर जमिन मे रोपल गाँजा खेती नोक्सान कईल पर्सा पुलीस जनवले बा ।
उ समय मे अन्दाजी २ हजार ५ सय बोट गाँजा काटके नोक्सान कईल पुलीस के अनुमान बा । स्थनीय खेत के घेरके बाहर से सहजे ना देवेवाला किसिम से गाँजा रोपल मिलल पुलीस अधिकारीलोग बतवले बाडन ।






