वीरगंज के सिद्धार्थ मावि मे परीक्षा हल के शिलान्यास

वीरगंज ०२ पुस
वीरगंज–१४ चिनीमील आवासक्षेत्र स्थित सिद्धार्थ मावि मे ३ करोड ५० लाख रोपेया के लागत मे परीक्षा हल बनेवाला भईल बा ।
राष्ट्रिय योजना आयोग के आर्थिक सहजोग मे बनावे लागल परीक्षा हल के आजु विद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष विरेन्द्र संघाई एक कार्जक्रम के बीच शिलान्यास कईले बाडन ।
१० हजार ६ सय स्क्वायर फिट परीक्षा हल मे एके बेर मे १ हजार जने के राख के परीक्षा लेवे सकेके विद्यालय के प्रधानाध्यापक राजेश पाण्डे जानकारी देहनी । उहे योजना मार्फत अलगे सिपटी आ भान्छाघर भी बनेके उ बतवनी ।
शिलान्यास कईल परीक्षा हल बनला के बाद विद्यालय के पूराना भवन भसका के खेल मैदान बनावे के तईयारी बा । विद्यालय के आयस्रोत बढावे खातिर वीरगंज–पथलैया सडकखण्ड ओरी सटर बनाके भाडा मे लगावे के योजना बा ।
बियफे के दिने हि विद्यालय मे ४ कोठे भवन के उदघाटन भी कईल बा । महानगरपालिका प्रमुख विजय कुमार सरावगी विद्यालय भवन के उदघाटन कईले बाडन । महानगर के ३६ लाख आर्थिक सहजोग आ आउर चन्दा सहजोग रकम करके ४५ लाख के लागत मे ४ कोठे भवन बनल रहे ।
उहे अवसर मे गोपाल राय, त्रिवेणी देवि संघाई ट्रष्ट विद्यालय के खातिर आउर चार कोठा बनावे के प्रतिबद्धता जनवले बा ।
उहे ट्रष्ट एकरा से पहिले विद्यालय मे १२ कोठरी के तिन तले भवन बनवले रहे । ओकरे उपर आउर चार वटा कोठरी थपेके नाप नक्सा सहित के तईयारी कईल विद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष संघाई जानकारी देहनी ।
उद्योगी राजु गाडिया विद्यालय के दोसर २ तले भवन मे आउर चार कोठरी बनावे के आश्वासन देहल विद्यालय जनवले बा ।





