नेपाली कांग्रेस के बिन्दवासिनी गा.पा. संयोजक मे चौरसिया चयन

वीरगंज ०२ पुस,

नेपाली कांग्रेस के बिन्दवासिनी गाँवपालिका संयोजक मे विवेक कुमार चौरसिया चयन भईल बानी ।

नेपाल तरुण दल पर्सा के सचिव भी रहल चौरसिया नेपाली कांग्रेस बिन्दबासिनी गाँवपालिका के वार्ड नं. २ भहुर्वाभाट्ठा के सभापति एवम् गाँवपालिका संयोजक मे चयन भईल बानी ।

बिन्दवासिनी गाँवपालिका के युवा नेता के रुप के चिरपरिचित रहल चौरसिया आवेवाला निर्वाचन मे नेपाली कांग्रेस के ओरी से निर्वाचन मे भाग लेवेके चर्चा भी होखे लागल बा ।

चौरसिया गाँवपालिका मे बढिया छबि के नेपाली कांग्रेस के युवा नेता के रुप मे चिन्हानी । युवा नेता चौरसिया के आजु एगो कार्जक्रम के वीच आउर जिमवारी देहल गईल बा ।

नेपाली कांग्रेस पर्सा के सभापति अजय कुमार द्विवेदी एक पत्र मार्फत चौरसिया के पार्टी के विन्दवासिनी गाँवपालिका वार्ड नं. २ भहुर्वाभाट्ठा के सभापति एवम् गाँवपालिका संयोजक मे चयन कईल घोषना कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।