जसपा द्वारा सदरमुकाम गौर मे मसाल जुलुस प्रदर्शन

मेवालाल यादव
रौतहट ११ पुस
जनता समाजवादी पार्टी नेपाल रौतहट के नेता कार्यकर्तालोग राष्ट्रपति विद्या देवी भण्डारी आ प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के बिरुद्ध मे शनिचर के सँझिया ५ बजे के समय मे सदरमुकाम गौर मे मसाल जुलुस प्रदर्शन कईले बाडन ।
पुस ५ मे कायम रहल संघीय संसद विघटन कईल विरुद्ध मे पार्टी केन्द्रिय कार्यालय से तोकल कार्जक्रम अन्तर्गत जनता समाजवादी पार्टी के नेता कार्यकर्तालोग पुलीस के चुनौती देत राष्ट्रपति आ प्रधानमन्त्री के बिरुद्ध मसाल जुलुस प्रदर्शन कईले बाडन ।
घोषित कार्जक्रम पुरा करे खातिर मधेशी क्रान्ति चौक मे कार्यकर्तालोग भेला भईल रहलन आ पुलीस मसाल जुलुस प्रदर्शन करे ना देवेके उदेश्य से अईला पर भी कार्यकर्तालोग कार्जक्रम सफल बनवले बाडन ।
पहिले से तइयारी करके राखल मसाल जसपा के युवा जुझारु नेता श्याम विहारी यादव पुलीस रहल जगहा से कुछ दुरी से मसाल मे आगी लगाके नारावाजी करे लागला पर बुतावे खातिर नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस टोली दउडके जाके रोकले रहलन ।
मसाल जुलुस के बाद आयोजना कईल सभा के सम्वोधन करत जनता समाजवादी पार्टी के प्रदेश कमिटी सदस्य एवं जिल्ला इन्चार्ज ब्रिज कुमार यादव खुन बहा के लियावल संघीय गणतन्त्र के नेकपा सरकार से समाप्त करेके सड्यन्त्र पुर्वक संसद विघटन कईल आरोप लगवले बानी ।
नेता यादव आन्दोलन के बल आईल संघियता खतरा मे रहला से जनता समाजवादी पार्टी रक्षा के खातिर आन्दोलन मे उतरल बतवनी ।
कम्युनिस्ट पार्टी संघियता खारेज करेके सोंच लेहला से उलोग के सोंच कउनो भी हालत मे पुरा ना होखेके ठोकुवा कइनी ।
उ अवसर मे जिल्ला समन्वय समिति रौतहट के उपसभापति राम अशिष राय यादव, जसपा, अनिल कुमार सिंह, जिल्ला अध्यक्ष धर्मेन्द्र पटेल, जिल्ला सदस्य चन्दन यादव, युवा नेता उपेन्द्र चौधरी, हरि नारायण यादव, कौशर खान मिथिला, राजकुमार तत्मा, सन्जय यादव, ओम प्रकाश साह, शोभ देवी साह, राधा साह, अम्बेया खातून, दिनेश यादव, सन्जिव यादव लगायत सयो के सहभागीता रहल रहे ।






