प्रदेश २ के ३२ गो निर्वाचन क्षेत्र मे कांग्रेस के प्रदर्शन

जनकपुरधाम १३ पुस

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली संसद विघटन कईल विरोध मे प्रदेश २ के ३२ गो निर्वाचन क्षेत्र मे नेपाली कांग्रेस सोमार के दिने प्रदर्शन कईले बा ।

एकरा से पहिले जिल्ला सदरमुकाम मे आन्दोलन कईल कांग्रेस सोमार के दिने निर्वाचन क्षेत्रस्तर मे प्रदर्शन कईले बा ।

विरोध प्रदर्शन के बाद आयोजना कईल सभा मे कांग्रेस नेतालोग संसद विघटन करेके प्रधानमन्त्री ओली के कदम के आलोचना कइनी । उलोग असंवैधानिक तबर से संसद विघटन करत ओली संघीयता समाप्त करेके खोजला से सडक मे आवेके पडल बतवनी ।

कहाँ–कहाँ भईल प्रदर्शन ?

सप्तरी मे क्षेत्र नम्बर १ के भारदह, क्षेत्र नम्बर २ के सदरमुकाम राजविराज, क्षेत्र नम्बर ३ के रुपनी गाँवपालिका आ क्षेत्र नम्बर ४ के सुरुङ्गा नगरपालिका के धाती बजार मे प्रदर्शन कईले बा ।

सिरहा मे क्षेत्र नम्बर १ के लहान नगरपालिका, क्षेत्र नम्बर २ के धनगढी नगरपालिका, क्षेत्र नम्बर ३ के सदरमुकाम सिरहा आ क्षेत्र नम्बर ४ के मिर्चैया नगरपालिका मे प्रदर्शन कईले बा ।

धनुषा मे क्षेत्र नम्बर १ के धनुषाधाम नगरपालिका, क्षेत्र नम्बर २ के शहीद नगरपालिका के यदुकोहा, क्षेत्र नम्बर ३ के नगराइन नगरपालिका आ क्षेत्र नम्बर ४ के महेन्द्रनगर मे प्रदर्शन कईले बा ।

एहितरे महोत्तरी मे क्षेत्र नम्बर १ के बर्दिवास, क्षेत्र नम्बर २ के लोहापट्टी, क्षेत्र नम्बर ३ के सदरमुकाम जलेश्वर आ क्षेत्र नम्बर ४ के सम्सी गाँवपालिका मे कांग्रेस विरोध प्रदर्शन कईले बा ।

सर्लाही मे क्षेत्र नम्बर १ के बयलबास, क्षेत्र नम्बर २ के सदरमुकाम मलंगवा, क्षेत्र नम्बर ३ के बरहथवा नगरपालिका आ क्षेत्र नम्बर ४ के धनकौल गाँवपालिका मे प्रदर्शन कईले बा ।

रौतहट के क्षेत्र नम्बर १ मे गौर तथा गंगापिप्रा, क्षेत्र नम्बर २ के राजपुर, क्षेत्र नम्बर ३ के कटहरिया आ क्षेत्र नम्बर ४ के चन्द्रनिगाहपुर मे प्रदर्शन कईल बा ।

बारा मे क्षेत्र नम्बर १ के कोल्हबी, क्षेत्र नम्बर २ के बरियारपुर बजार, क्षेत्र नम्बर ३ के सदरमुकाम कलैया आ क्षेत्र नम्बर ४ के जितपुर सिमरा मे कांग्रेस प्रदर्शन कईले बा ।

पर्सा मे क्षेत्र नम्बर १ के बीरगंज के घण्टाघर, क्षेत्र नम्बर २ के डकैला बहुअरी, क्षेत्र नम्बर ३ के पोखरिया, क्षेत्र नम्बर ४ के नंगेरी मे प्रदर्शन कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।