होटल व्यवसायी संघ के महासचिव आलम ३३ वाँ जन्मदिन मानवसेवा आश्रम मे मनवलें

वीरगंज २९ पुस

नेपाल होटल तथा पर्यटन व्यवसायी महासंघ प्रदेश नं. २ के सचिव, होटल व्यवसायी संघ पर्सा के महासचिव एवं नेपाल पर्यटन बोर्ड प्रदेश नं २ के सदस्य तबरेज आलम आजु मानव सेवा आश्रम मे आश्रितलोग सँगे आपन जन्मदिन मनवले बानी ।

वीरगंज लिंकरोड स्थित होटल अमान पैलेस के संचालक भी रहल आलम आपन ३३ वाँ जन्मदिन के अवसर मे मानवसेवा आश्रम वीरगंज मे आश्रितलोग सँगे जन्मदिन के शुभकामना आदान प्रदान कईले रहनी ।

उ अवसर मे आलम आश्रम मे आश्रितलोग के खातिर बिस्कुट, चाउचाउ, दाल, तेल लगायत के खाद्यान्न सामानसब भी आश्रम के हस्तान्तरण कईले रहनी ।

उ अवसर मे होटल व्यवसायी संघ पर्सा के वरिष्ठ उपाध्यक्ष विधा लाल प्रसाद, सहकोषाध्यक्ष गुञ्जन पटेल, होटल व्यवसायी कन्हैया अग्रवाल, बिकास गुप्ता, सञ्चारकर्मी श्रवण प्रसाद साह, समुदायिक प्रहरी सेवा केन्द्र छपकैया के अध्यक्ष हाजी ग्यासुदिन ठकुराई लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।