नेकपा के छिपहरमाई १, २, ४ मे युवा संघ बनल

वीरगंज ०३ माघ

पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं. १ मिर्जापूर मे नेपाल यूवा संघ के वार्ड स्तरिय कमिटी गठन भईल बा ।

छिपहरमाई गाँवपालिका के वार्ड नं. १ मिर्जापूर माई स्थान मे भईल भेला से संतोष कुमार यादव के अध्यक्षता मे ५१ सदस्यीय समिति गठन भईल बा । जेकर उपाध्यक्ष मे उदय साह कलवार, सचिव मे प्रदीप कुमार राम, सह–सचिव मे देवनाथ साह कलवार, कोषाध्यक्ष मे दिनेश यादव चयन भईल बाडन ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि जिल्ला समन्वय समिति सदस्य तथा नेपाल युवा संघ के छिपहरमाई गाँवपालिका अध्यक्ष सुबास साह, वार्ड नं. १ के वार्ड अध्यक्ष राजबली राउत अहिर, वार्ड सदस्य भाग्रीत महरा, नेकपा के गाँवपालिका पार्टी सदस्य रामबाबु साह, भिखारी पटेल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

छिपहरमाई गाँवपालिका के वार्ड नं. २ सम्भौता आ वार्ड नं. ४ तुलसी बर्वा करके ३ गो वार्ड मे आजु नेपाल युवा संघ के गठन भईल बा ।

बाकी रहल वार्ड नं. ५ भिस्वा आ वार्ड नं. ३ जयमँगलपुर मे एक हप्ता भितर मे गठन करके आ नेपाल युवा संघ गाँवपालिका कमिटी गठन भी एक महीना भितर मे करेके नेपाल युवा संघ छिपहरमाई गाँवपालिका अध्यक्ष सुबास साह बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।