बारा गोल्डकप के उदघाटन खेल मे थारु ११ जितपुर जितल

बारा ०३ माघ

बारा के प्रसौनी गाँवपालिका मे राइजिङ्ग सन गोल्ड कप फुटवल प्रतियोगिता सुरु भईल बा । राइजिङ्ग सन इ.बो. स्कुल के आयोजना मे फुटवल प्रतियोगिता सुरु भईल बा ।

प्रतियोगिता के आजु पहिलका दिन क्वाटर फाइनल थारु –११ जितपुर आ हाम्रो फुटवल क्लब वीरगंज बिच खेल भईल रहे । खेल सुरु भईलाल के १२ मिनेट मे हाम्रो फुटवल क्लब वीरगंज के जर्सी नं. १४ के दिपेश चौधरी पहिलका गोल कईले रहलन आ खेल के ३० मिनेट मे थारु–११ जितपुर के जर्सी नं. १३ के मुकेश चौधरी दुसरका गोल करके खेल बराबरी मे पुगल रहे ।

खेल बराबर भईला के बाद २ मिनट इन्जुरी के समय थप करके फेनु खेल सुरु भईल रहे । समय थप के खेल सुरु कईला के बाद ९१ मिनेट मे थारु ११ जितपुर के जर्सी नं.–८ के निर्मेश महतो एक गोल कईले रहलन । एकरा साथ थारु–११ जितपुर २–१ से खेल जितले रहे ।

प्रतियोगिता के दुसरका खेल बिहान बकुलिया ११, बकुलिया आ पर्सागढी युवा क्लब, बरनिहार बीच प्रतिस्पर्धा होखेके आयोजक समिति जनवले बा ।

प्रतियोगिता के उदघाटन शत्र के प्रमुख अतिथी उमा देवी डिक्रुज उदघाटन करत डिक्रुज खेलकुद के बिकास के खातिर हरदम हाथेमालो करके अगाडि बढे खातिर खुद तइयार रहल बतवनी । ग्रामीण भेग मे संचलन होखेवाला खेलकुद प्रतियोगीता से खेलाडी उत्पादन करेमे मदत पुगेके बतवनी ।

मार्क डिक्रुज के सभापतित्व मे भईल उदघाटन शत्र मे विशिष्ट अतिथी प्रसौनी गाँवपालिका अध्यक्ष भोला प्रसाद गुप्ता, उपाध्यक्ष गिता देवी साह, एहितरे रामरुप कुशवाहा, प्रसौनी नेकापा अध्यक्ष विनोद गुप्ता, वार्ड अध्यक्षलोग लाल बाब मुखिया, सुरेश गुप्ता, नेकापा के युवा नेता राजेश गुप्ता लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।