“घण्टी पर भरोसा, किसान आ युवा के विकास!” – सुशील कानु के घरदैलो झबराहा में

“घण्टी पर भरोसा, किसान आ युवा के विकास!” – सुशील कानु के घरदैलो झबराहा में

वीरगंज ८ फागुन

पर्सा–२ से राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के उम्मेदवार सुशील कुमार कानु झबराहा टोल में घरदैलो कार्यक्रम कराके मतदातन से सीधे संवाद कइले।

कानु स्थानीय जनता से घण्टी चुनाव चिन्ह पर मतदान के आग्रह कइले आ अस्पताल, खेलकूद पूर्वाधार, मल आ सिँचाइ पानी के समस्या के गम्भीरता से उठवलन।

उहाँ कहलन, “कृषि ही ह इहाँ के मुख्य आधार बा, किसान के सुविधा बिना समृद्धि संभव नइखे।”
युवकन खातिर स्थानीय स्तर पर पशुपालन तालिम, स्वरोजगार आ रोजगारी के अवसर बढ़ावे के योजना कानु पेश कइले।

स्वास्थ्य, शिक्षा आ आधारभूत पूर्वाधार पर काम के प्रतिबद्धता जतावल गइल। घरदैलो में ज्येष्ठ नागरिक, बुद्धिजीवी, महिला, युवा आ कृषक समुदाय के सक्रिय सहभागिता देखल गइल।

कार्यक्रम से झबराहा में रास्वपा प्रति बढ़त आकर्षण आ परिवर्तन के उम्मीद झलकल।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।