सशस्त्र पुलीस अवैध मुर्गी पकड के नोक्सान कईलख

प्रभु यादव
बारा ०७ माघ
बारा के सशस्त्र पुलीस अवैध मुर्गी बरामद कर के नोक्सान कईले बा । पचरौता नगरपालिका के बेनौली मे रहल बोर्डर आउट पोष्ट से खटल सशस्त्र प्रहरी बल मुर्गी बरामद कर के नष्ट कईले बा ।
भारत से अवैध रुप मे खेत के रास्ता से लुका छिपा के पचरौता नगरपालिका ७ के त्रिवेणी घाट से पकडले बा । सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक सिहविर मल्ल के नेतृत्व मे खटल गस्ती टोली के देख के रास्ता मे ही अवैध मुर्गी फेक के भारत ओर भागल जनकारी विओपी पोष्ट करावले बा ।
साईकल मे लोड कर के लेआईल करिव ६० किलो बराबर के अवैध मुर्गी लियारहल अवस्था मे नियन्त्रण मे लेहल गईल मल्ल जनकारी करावले बानी ।
पकडाईल अवैध मुर्गी के पचरौता नगरपालिका ७ के वार्ड अध्यक्ष दिनानाथ सहनी, नेपाल प्रहरी चौकी के इन्चार्ज, गाँव के भरभलादमी के रोहवर मे नष्ट कईल गईल मल्ल जनकारी करावले बानी ।
खुल्ला बोर्डर भईला के कारण चोर रास्ता से लुकाछिपा के तस्करी कर रहल मिलला के बाद आपने स्वयम नेतृत्व मे मोटरसाईकल से गस्ती कर के नियन्त्रण कररहल बानी मल्ल जनकारी करावले बानी ।
सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक मल्ल कुहा लगला से तस्करी मे पकडे मे मसस्या होरहल भईला के वाद भि जनकारी मिलते हि तस्करी ना होखो कहके दउड के पकडल जनकारी करवले रहनी ।
आपन नेतृत्व मे बडका हुण्डी कारोवारी के बेसी रकम नियन्त्रण मे लेके आवश्यक कारवाही के खातिर पठावल मल्ल बतावले बानी ।






