चोरी के मोटरसाइकल सहित पाँच जने पकडईलें

कपुरधाम १८ माघ

मोटरसाइकल चोरी मे संलग्न रहल आरोप मे धनुषा से पुलीस पाँच जने के पकडले बा । पुलीस से सर्वसाधारण के मोटरसाइकल चोरी करेवाला गिरोह के ५ जने पकडाईल बाडन ।

१७ माघ मे सशस्त्र प्रहरी जवान मिथिलेश यादव के ज ८ प ८७७५ नम्बर के अपाची मोटरसाइकल क्षिरेश्वरनाथ नगरपालिका–५ से चोरी भईला के बाद ओकर खोजी मे जुटल पुलीस गिरोह के हि पकडलेब ा ।

पकडाएवाला मे सिराहा के बिष्णुपुर गाँवपालिका–२ रहेवाला २१ बरीस के प्रमोदकुमार यादव, २२ बरीस के मनोजकुमार यादव, वार्ड नम्बर ३ रहेवाला २१ बरीस के रोहितकुमार यादव, २३ बरीस के जितेन्द्रकुमार यादव आ धनुषा के सबैला नगरपालिका–४ रहेवाला २० बरीस के अमरेन्दकुमार यादव बाडन । ई मेसे जितेन्द्र चोरी के मोटरसाइकल खरिद करेवाला आदमी हउवन ।

सशस्त्र प्रहरी जवान मिथिलेश के चोरी भईल ज ८प ८७७५ नम्बर के मोटरसाइकल सहित पुलीस रोहित के क्षिरेश्वरनाथ नगरपालिका–९ स्थित जलाद खोला होत जाएके समय मे पकडले रहे । उ पकडईला के बाद आउर ३ गो मोटरसाइकल भी उ चोरी कईल खुलल ।

रोहित के बयान के आधार मे ज १२ प ६११८ नम्बर के २ सय सीसी के पल्सर, स ७ प ५२०३ नम्बर के डिस्कभर आ को ३२ प ७६४ नम्बर के स्प्लेन्डर मोटरसाइकल पुलीस बरामद कईले बा ।

रोहित क्षिरेश्वरनाथ नगरपालिका–५ मे भाडा मे लेहल कोठरी से चोरी के मोटरसाइकल बरामद भईल धनुषा के प्रहरी प्रबक्ता मकेन्द्रकुमार मिश्र जानकारी देहनी ।

रोहित लक कईल मोटरसाइकल भी चोरी कईल मिलल उ बतवनी । उनकर कोठरीस से मोटरसाइकल चोरी मे प्रयोग होखेवाला उपकरण भी बरामद भईल पुलीस जनवले बा ।

एहितरे प्रमोद आ अमरेन्द्र के साथ से स ४ प ५७४६ नम्बर के २२० सीसी के पल्सर मोटरसाइकल बरामद भईल बा ।

धनुषा के महेन्द्रनगर से चोरी भईल ना ३९ प ६३८२ नम्बर के मोटरसाइकलसहित मनोज के पकडल गईल बा । ई मोटरसाइकल किनेवाला जितेन्द्र के भी पकडल गईल बा ।

पकडाईल लोग के एतवार के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा मे पत्रकार सम्मेलन करके सार्वजनिक कईल बा । उलोग के विषय मे आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।