वीरगंज मे भव्य रुप मे हिन्दु स्वयंसेवक सम्मेलन पुरा

वीरगंज २४ माघ

हिन्दु स्वयंसेवक संघ नेपाल के स्वयंसेवक सम्मेलन वीरगंज मे भव्य रुप मे पुरा भईल बा । सम्मेलन के उद्घाटन संघ के राष्ट्रिय सह सघंचालक एवं पूर्व अतिरिक्त प्रहरी महानिरिक्षक कल्याण कुमार तिम्लसिना कईले बानी ।

उद्घाटन समारोह के सम्बोधन करत सह सघंचालक तिम्लसिना हिन्दुत्व आ देश के खातिर काम करेके बात मे जोड देहले बानी । उ कहनी, ‘जउन आदमी मे देश आ राष्ट्रभक्ती के भावना नइखे उ आदमी आदमी के जन्म बेकार बा, ओहिसे खुद भितर देशभक्ती के भावना होखेके पडि तबे मात्र मात्र सच्चा स्वयंसेवक बनल जा सकता ।’

पुर्खासब के उखान प्रस्तुत करत उ धर्म, संस्कृति भुलगईला पर काशी जाएके, न्याय ना मिलला पर गोर्खा जाएके, कहत धर्म संस्कार भुलईला पर हिन्दु स्वयंसेवक संघ मे लागेके पडि कहके संघ मे धर्म संस्कृति तथा संस्कार सिकावेके काम कईल बतवनी । सम्मेलन मे सहभागि होखेवाला स्वयंसेवक उपर नमन करत उ, ‘हिम्मत, आट, जोसजागर आ विश्वास भईल कर्मठ योद्धा मात्र संघ मे आबद्ध होखिहे आ संघ के विचार के विश्वभर हि फईलावे के काम कईले बा । संघ नेपाल मे मात्र ना होके विश्व के ५२ गो देश मे फईलल बा । हिन्दुत्व के महत्व के भी फईलावे के काम करे सकेके उ बतवनी ।

देश मे अभी जबरजस्ती कृश्चिन तथा मुस्लिम धर्म परिर्वतन करे करावेके काम हो रहल बा । कहत उ, ‘अभी हमनी आपन धर्म संस्कृति के जर्गेना करे ना सकला पर भा हिन्दु धर्म के अनुवायी आपन धर्म संस्कृति अनुसार के व्यवहार आ काम ना कईला पर नेपाल मे भी धर्म संस्कृति ओराई ।’

उद्घाटन समारोह के बाद हिन्दु स्वयंसेवक संघ के स्वयंसेवकलोग गणवेश मे ढोलबाजा सहित वीरगंज नगरक्षेत्र मे पथ संचालन (मार्चपास) निकालल गईल रहे । ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस शिक्षा विभाग के मैदान से निकालल पथ संचालन घडिअर्वा, माईस्थान, घण्टाघर, आर्दशनगर, अलखियामठ, गणेशमान, विर्ता, मकालु होटल, कैलाश चोक होत फेनु ठाकुरराम के शिक्षा विभाग के मैदान मे पुगके समापन भईल रहे ।

पथ संचालन होखेके समय मे महानगरवासी गणवेश मे रहल स्वयंसेवकलोग उपर चोक चोक मे पुष्पबर्षा करके भव्य रुप मे स्वागत तथा सम्मान भी कईले रहलन ।

संघ के पर्सा जिल्ला के संघचालक ललन दुवेद्धी के अध्यक्षता मे भईल स्वयंसेवक सम्मेलन मे संघ के राष्ट्रिय प्रचारक बेद प्रकाश, पशुपति शिक्षा मन्दिर के अध्यक्ष एवं उद्योगपति अशोक बैंध, संघ के जनकपुर सम्भाग सहचालक अशोक शर्मा, जनजाती कल्याण आश्रम के महासचिव प्रेम थुलुङ्ग, विश्व हिन्दु परिषद के महासचिव जितेन्द्र सिंह, संगठन सचिव प्रहलाद रेग्मी, संघ प्रचारक रन्जीत साह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।