मुस्लिम आयोग के बतकही कार्जक्रम पुरा

वीरगंज २६ माघ

मुस्लिम आयोग के आयोजना मे आजु वीरगंज मे बतकही कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

स्थानिय तह के पदाधिकारीलोग संगे मुस्लिम समुदाय के हक हित के संरक्षण, सम्वद्र्धन आ सशक्तिकरण बिषयक बतकही कार्जक्रम पुरा भईल बा । आयोग के अध्यक्ष समिम मियाँ अंसारी के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे वक्तालोग नेपाल के हरेक क्षेत्र मे मुस्लिम समुदाय के अनिवार्य सहभागीता करावेके बात मे जोड देहले रहनी ।

मुस्लिम समुदाय नेपाल मे सदियो से वसोवास करत अईला पर भी नेपाल सरकार नेपाली मुस्लिम संगे बिभेद कईल आरोप लगावत उलोग मठ मन्दिर निर्माण के खातिर बजेट छुट्यावल जईसन मस्जिद, मर्दसा के खातिर भी बजेट छुट्यावे खातिर माँग कईले रहलन ।

कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य करिमा वेगम, जगरनाथपुर गाँवपालिका अध्यक्ष जालिम मियाँ, उपाध्यक्ष विशमिला खातुन, पोखरीया नगरपालिका मेयर दिपनारायण रौनियार, उपमेयर सलमा खातुन, सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष प्रदीप जयसवाल, प्रमुख जिल्ला अधिकारी आसमान तमाङ्ग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

जिल्ला समन्वय समिति के प्रमुख नेक महम्मद अंसारी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक राजेन्द्र खड्का, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा, नेपाली कांग्रेस के नेता सहरुम गद्दी, डिभिजन वन कार्यालय पर्सा के सहायक वन अधिकृत रेयाज अहमद अंसारी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।