नेपाल के भुमी मे घुस के भारतीय बालु तस्कर के दादागिरी, तस्कर आ सशस्त्र पुलीस बीच झडप, तीन जने सुरक्षाकर्मी घायल

मेघराज राय
जीराभवानी ३० माघ
नेपाली भूमी मे घुस के भारतीय फेनु नेपाली सुरक्षकर्मी उपर आक्रमण करके घायल बनवले बाडन । नेपाली भूमि मे घुस के बरीसो से दादागिरी देखावत आईल भारतीय शुक के सबेरे फेनु आक्रमण करके नेपाल के ३ सुरक्षाकर्मी के घायल बनवले बाडन ।
पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नं. १ पिपरडारी स्थित ओरीया खोला मे हो रहल बालु तस्करी रोके गईल सशस्त्र पुलीस के टोली उपर शुक के सबेरे भारतीयलोग नेपाली भूमि मे घुस के आक्रमण कईले बाडन ।
भारतीय के आक्रमण से ३ जने सशस्त्र पुलीस घायल भईल बाडन । उ मेसे सशस्त्र प्रहरी जवानद्वय आयुष राय यादव आ महेश प्रसाद यादव के अवस्था गम्भीर रहल जनावल गईल बा । आयुष के कन्चट फुटल बा आ महेश के देब्रे हाथ टुटल बा ।
गम्भीर घायल दुनु जने के वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल पर्सा के सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र खड्का बतवनी । दोसर एक घायल सशस्त्र प्रहरी जवान सुमन वस्ति के सेढवास्थित स्वास्थ्य चौकी मे ईलाज कईल गईल बा ।
भारत से सीमा जुडल पर्सा के पिपरडारी गाँव स्थित ओरिया खोला मे भारतीय पक्ष से हो रहल बालु उत्खन्न रोके खातिर आजु सबेरे सशस्त्र प्रहरी बोर्डर आउट पोष्ट पिडारीगुठी आ महादेवपट्टी से सशस्त्र पुलीस के २२ जने के टोली खोला मे गस्ती गईल रहे ।
सशस्त्र प्रहरी निरीक्षकद्वय बसन्त जिसी आ केदार राइ के नेतृत्व मे गईल २२ जने के सशस्त्र पुलीस के टोली खोला से बालु लोड कईल भारतीय ३ गो ट्याक्टर नियन्त्रण मे भी लेहले रहे ।
माकिर नियन्त्रण मे लेहल ट्याक्टर लेके आवेके समय मे खोला मे ट्याक्टर हलला के बाद सशस्त्र पुलीस निकालेके प्रयास करत रहलन । उहे समय (सबेरे ५ बजे) खोला किनार के भारत के भंगाहा, इनर्वा आ बिसनपूर्वा गाँव से बेल्चा, लठठी आ भाला लेके आईल भारतीय तस्कर आ गाँव के हुल से सशस्त्र पुलीस के टोली उपर आक्रमण कईले रहे ।
आक्रमण मे करके हाथ टुट के घायल भईल सशस्त्र प्रहरी जवान महेश कहनी,’ बेल्चा आ लठ्ठी लेके आईल ५०÷६० जने के हुल अन्धाधुन्द हमनी के टोली उपर आक्रमण करे लगलन, जईसे तईसे भाग के ज्यान बाँचल ।’
पर्सा के सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र खड्का कहनी, ’ओरिया खोला मे रहल ४२४ नम्बर पिल्लरस्थित दशगजा क्षेत्र मे गस्ती मे गईल टोली उपर भारतीय बालु तस्कर आक्रमण कईला पर २ जने सशस्त्र प्रहरी जवान घायल भईल बतवनी ।
घायल दुनु जने के नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । पथल लागके आउर भी १÷२ जने जवान सामान्य घायल भईल बाडन कहत नेपाली भूमि के ओरीया खोला मे भारतीय से करत आईल बालु तस्करी रोकेके समय मे एकरा से पहिले भी बेर बेर नेपाली सुरक्षाकर्मी उपर भारतीय आक्रमण करके घायल बनवले रहलन कहके बतवनी ।
२०७३ भादो २९ गते भी नेपाली भूमि मे घुसके ओरीया खोला से बालु तस्करी कईल भारतीयलोग के आक्रमण से सशस्त्र प्रहरी हवल्दार राजकुमार माझी आ स्थानीय प्रभु चौधरी घायल भईल रहलन । २०७३ के सावन २२ गते भी ओरीया खोला मे अवैध रुप मे बालु उत्खनन् कर रहल भारतीय के रोके गईल नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी उपर आक्रमण कईले रहलन ।
उ समय भारतीय के आक्रमण से पर्सा के भीखमपुर मे रहल सशस्त्र प्रहरी बोर्डर आउट पोष्ट मे कार्यरत सशस्त्र प्रहरी जवान रत्नेस साह घायल भईल रहलन । २०७३ फागुन १२ गते नेपाली भूमि के ओरीया खोला मे बालु तस्करी करे खातिर ३०÷३५ गो टयाक्टर लेके आईल भारतीय के पिपरडारी के नेपाली लोग भगावेके समय मे दुनु पक्ष बीच झडप भी भईल रहे । उ समय के झडप मे भारतीय के आक्रमण से पिपरडारी के चार जने गाँव के लोग घायल भईल रहलन । झडप के समय मे पिपरडारी के गाँव के लोग भरुवा बन्दुक से दु राउण्ड हवाइ फायर भी कईले रहलन ।
नेपाली भूमि मे बरीसो से भारतीय के दादागिरी
नेपाली भूमी मे पडेवाला ओरीया खोला से भारतीय बरीसो से बालु उत्खनन् करके भारत ओरी तस्करी करत आईल बाडन । भारतीय सीमा से जुडल नेपाल के पिपरडारी, पाण्डेपुर आ बिसुनपुर्वा मे रहल दशगजा क्षेत्र मे ओरिया खोला पडेला ।
भारतीयलोग दशगजा क्षेत्र मे रहल ४२४ नम्बर के सीमा स्तम्भ से भी एक किलोमिटर नेपाल ओरी के भूमी मे घुसके टयाक्टर आ गाडा मे बालु उत्खनन् करके भारत लेजालन ।
उलोग खोला के किनार मे रहल खेत मे नेपाली किसान से रोपल बाली उखाडके भी बालुवा उत्खनन् करके लेजा रहल स्थानीय बतवले बाडन ।
भारतीय नेपाली भूमी के ओरिया खोल से हरेक दिन दु तीन सय टयाक्टर बालु अवैध रुप मे उत्खनन् करके भारत के भंगहा, ईनरवा, सिक्टा, बेतिया आ नरकंटियागन्ज तक लेजाके बिक्री वितरण करत आईल बाडन । सीमावर्ती भारतीय गाँव गदियानी आ भंगहा के भारतीय नेपाली भूमि भी हडपले बाडन । दशगजा क्षेत्र मे रहल ४२३ नम्बर के मुख्य सीमा स्तम्भ करिब एक दशक अगाडि ओरीया खोला मे आईल बाढ से दहवईला के बाद भारतीय खोला के किनार के खेती योग्य नेपाली भूमि आपन भईल दाबी करत आईल स्थानीय करिमन महतो थारु बतवनी ।
उ कहनी, ’नेपाल ओरी के दु किलोमिटर भितर तक भी घुसके हमनी के खेत मे रोपल बाली उखाडके भारतीय बालु खोनके लेजालन । एतना बेसी हेपला पर भी नेपाल के सरकार आजु तक कुछो बोले नइखे सकल । नेपाल के खोला मे बालु तस्करी करे आवेवाला भारतीयलोग नेपाली चेलीबेटीलोग के भी कहुँचावेके आ अभद्र व्यवहार भी करत आईल स्थानीय शिक्षक कारी चौधरी बतवनी ।






