युवा जनशक्ति समाज से कईल जागरण अभियान अन्तर्गत वार्ड नं. १६ मे जागरण कमिटी गठन

वीरगंज ०१ फागुन

युवा जनशक्ति समाज नेपाल पर्सा युवा जागरण अभियान अन्तर्गत वार्ड जागरण कमिटीसब गठन करेके काम सुरु कईले बा ।

युवा जागरण अभियान अन्तर्गत शनिचर के दिने वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ नगवा स्थित नागा भवानी मठ मे बईठल बईठक से १५ सदस्यीय वार्ड जागरण कमिटी गठन भईल बा ।

स्थानिय युवा राजेन्द्र कुमार चौरसिया के संयोजकत्व मे जागरण कमिटी गठन भईल बा । जेकर सह–संयोजक मे विशाल मेहता आ अशोक बैठा, सदस्यलोग मे सुमन राउत कुर्मी, कुनाल मेहता, हृदेश गोढ, हिरालाल महतो, रंजिव चौरसिया, कुनाल गुप्ता, कृष्ण पटेल, जितेन्द्र कुशवाहा, अनिल यादव, आनन्द साह गोढ, प्रेम मेहता, सुमन कुशवाहा, उमेश कुशवाहा आ ओम दुबे चयन भईल बाडन ।

स्थानिय युवा राजेन्द्र चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि युवा जनशक्ति समाज नेपाल पर्सा के अध्यक्ष बिनेश प्रसाद कुर्मी समाज मे रहल कुरिति, बिसंगती के हटावे खातिर युवालोग के महत्वपूर्ण भुमिका होखेवाला भईला से ई काम मे सभी केहु आपन आपन जगहा से सकेभर सहजोग करे खातिर निहोरा कइनी । कुलत मे फँसल, बेरोजगार युवालोग के रोजगार के खातिर ई संस्था पहल करेके बतावत अध्यक्ष कुर्मी युवालोग मे कउनो किसिम के समस्या भईला पर सभी से एकजुट होके सामना करे खातिर हम भी तइयार रहल बतवनी । साथे उ अवसर मे अध्यक्ष कुर्मी नागा भवानी मठ मे सिपटी बनावे खातिर ३ बोरा सिमेन्ट देवेके घोषणा भी कईले रहनी ।

उ अवसर मे युवा जनशक्ति समाज नेपाल के सचिव जायेद हुसैन, युवा जागरण अभियान के सह–संयोजक संगित पाण्डे, अभियान के सल्लाहकार बिरेन्द्र ठाकुर, अभियान के सदस्यलोग सुबास गुप्ता, नन्दलाल ठाकुर, करण पटेल, विक्रम पटेल लगायत के सहभागीता रहल रहे । उ कार्जक्रम के सहजीकरण सदस्य अजय कुमार चौरसिया कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।