किर्ते मुदा मे सिम्रौनगढ नपा के अधिकृत सहित तीन जने के ७ दिन म्याद थप, अनुसन्धान जारी

प्रभु यादव

बारा ०२ फागुन

बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका मे चालु आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के नगर परिषद करे खातिर असाढ ८ गते नगर सभा कईल गईल रहे ।

जउना मे नगर उप प्रमुख रिमा देबी लगायत कार्यपालिका सदस्य तथा निर्वाचित वार्ड अध्यक्ष बिना हि नगर सभा परित कईल कहके उहे मिति मे उच्च अदालत मे मुदा दायर भईल रहे । असाढ १४ गते नगर प्रमुख बिजय यादव सहित ३१ जने कार्यपालिका सदस्य के हस्ताक्षर भईल म्यानुट रजिस्टर पेश कईल रहे । ६० जने के कार्यपालिका सदस्य मे ३१ जने के हस्ताक्षर भईला से उच्च अदालत बीरगंज ईजलास मुदा खारेज कईले रहे ।

३१ जने कार्यपालिका सदस्य के हस्ताक्षर मे कपिलदेव साह लगायत ५ जने खुदसब हस्ताक्षर ना कईल कहत रेखा जाँच केन्द्र रोनार्थ काठमाण्डु से प्रमाणित कराके पुस १९ गते जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे मुदा नम्बर २९८ मे नगरप्रमुख लगायत ४ जने उपर किर्ते मुदा दर्ता करवले रहलन ।

उ मुदा के पुलीस के अनुसन्धान समय मे राष्ट्रिय बिधि बिज्ञान केन्द्र काठमाण्डु से हस्ताक्षर प्रमाणित करईला पर कपिलदेव साह नगर सभा सदस्य के हस्ताक्षर किर्ते कहके प्रमाणित भईल रहे । साथे रम्भा देवी नगर सभा सदस्य, रमावति कुश्वाहा कार्यपालिका सदस्य, पना देबी चमईन नगर सभा सदस्य आ श्रीपति देबी दुसादिन के हस्ताक्षर शंकास्पद रहल आईल रहे ।

किर्ते मुदा के अनुसन्धान के समय मे शुक के दिने सिम्रौनगढ नगरपालिका के लेखा प्रमुख सर्बेन्द्र चौधरी आ योजना फाँट प्रमुख जितेन्द्र प्रसाद यादव के जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे अनुसन्धान के खातिर राखल गईल रहे आ आजु सिम्रौनगढ नगरपालिका कार्यालय के प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत हरिओम जैस्वाल सरकारी वकिल कार्यालय बारा मे उपस्थित भईल रहलन ।

सरकारी वकिल कार्यालय मे समान्य बयान कराके प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत जैस्वाल के भी आउर अनुसन्धान के खातिर ७ दिन के म्याद लेके अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रबक्ता गौतम मिश्र जानकारी करवले बानी ।

आउर अनुसन्धान भईला के बाद पुलीस कार्यालय मिसिल सरकारी वकिल कार्यालय मे बुझईला के बाद हमनी अदालत मे मुदा दर्ता करेम आ ओकरा बाद मात्र सम्मानित जिल्ला अदालत से धरौटी मे छुटेके भा अगाडि के कारवाही होखी कहके सरकारी वकिल कार्यालय के प्रमुख महेन्द्र बहादुर थापा जानकारी करवनी ।

साथे नगर प्रमुख बिजय यादब एकरा से पहिले हि उपस्थित होके पुलीस आ सरकारी कार्यालय के सहमति मे तारेख मे छोडल जानकारी थापा देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।