दश वाँ गोतामे पत्रकारिता पुरस्कार थापा के मिलल

वीरगंज ०२ फागुन

दश वाँ गोतामे पत्रकारिता पुरस्कार से कञ्चनपुर के अग्रज पत्रकार चित्राङ्ग थापा के सम्मान कईल बा । स्व गोपालचन्द्र गौतम प्रतिष्ठान से आजु नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के भवन मे एगो कार्जक्रम के आयोजना करके पत्रकार थापा के सम्मान कईल गईल बा ।

वितल तीन दशक से बेसी समय से सुदूरपश्चिम मे रह के सामुदायिक पत्रकारिता के माध्यम से राष्ट्रियरुप मे ख्याति कमाईल पत्रकार थापा के एक तोला सोना के पदक आ प्रमाणपत्र सहित वरिष्ठ समाज सेवी मुर्लीधर रुङ्गटा सम्मानित कइनी । सम्मानित पत्रकार थापा के पुस्कार वितरण करत वरिष्ठ समाजसेवी रुङ्गटा जनमुखी, विश्वश्नीय आ निष्ठापूर्वक समाज के हित मे पत्रकारिता करेवाला थापा के सम्मानित करके खुद स्वयम् सम्मानित भईल बिचार रखनी ।

उ जनमुखी पत्रकारिता से राष्ट्र आ समाज दुनु के फायदा पुगेवाला भईला से उ रास्ता मे सभी पत्रकार के चलल जरुरी रहल बिचार रखनी । प्रतिष्ठान के अध्यक्ष जगदीश शर्मा के अध्यक्षता मे भईल पुरस्कार वितरण समारोह के उद्योग वाणिज्य सङ्घ प्रदेश नं २ के अध्यक्ष गणेश लाठ, नेपाल पत्रकार महासङ्घ प्रदेश नं २ के अध्यक्ष दीपेन्द्र चौहान, नेपाल प्रेस युनियन के महासचिव अजयबाबु सिवाकोटी, नेपाली काँग्रेस पर्सा के अध्यक्ष अजयकुमार द्विवेदी, निमित्त प्रमुख जिल्ला अधिकारी भीमकान्त पौडेल, वरिष्ठ पत्रकार चन्द्रकिशोर झा लगायत के वक्ता पाँच दशक अगाडि न्यूनसाधन स्रोत के आधार मे गोपालचन्द्र गौतम निर्भिक जनता के पक्ष मे पत्रकारिता कईल चर्चा कईले रहनी ।

राजा के प्रत्यक्ष शासनकाल मे खा रहल सरकारी नोकरी छोडके प्रजातन्त्र आ समाजवाद के पक्ष मे विगुल फुकत जनता के समस्या के तत्कालीन राज्यसत्ता तक मे पुगावे खातिर गोपालचन्द्र गौतम से खेलल भूमिका बहुते प्रशंसा योग्यता आ सञ्चारकर्मी से अनुशरण करे लायक भईल वक्तालोग जोड देहले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।