आधारभुत विद्यालय लक्ष्मीनीया मे विद्यालय व्यवस्थापन समिती बनल

मेवालाल यादव

रौतहट ०३ रौतहट

रौतहट के फतुवा विजयपुर नगरपालिका ९ लक्ष्मीनीया दोस्तियाका आधारभुत विद्यालय मे आजु व्यवस्थापन समिति गठन कईल बा ।

विद्यालय के प्राङ्गण मे आजु भईल अभिभावक भेला से आधारभुत विद्यालय लक्ष्मीनीया दोस्तिया के मायालाल चौधरी के अध्यक्षता मे ५ सदसीय विद्यालय व्यवस्थापन समिति गठन कईल बा ।

जेकर समिति के सदस्यलोग मे गायत्री देवी, रमिना माझी, इशरायल मिया के सर्वसहमति से चयन कईल बा । व्यवस्थापन समिति गठन कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्ष दिपनारायण चौधरी आ नगरपालिका के शिक्षा संयोजक हरेन्द्र यादव के सहभागीता रहल रहे ।

उ अवसर मे आधारभुत विद्यालय लक्ष्मीनीया दोस्तिया के प्रधानाध्यापक जयकिशोर साह सहित अभिभावकलोग के उपस्थिती रहल कार्जक्रम के सञ्चालन कमल किशोर मिश्र कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।