सहिद के आत्मा के शान्ति खातिर महारूद्र यज्ञ

प्रभु यादव
बारा ०५ फागुन
बारा के पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्वर ३ रामनगर मे सहिद के आत्मा के शान्ति खातिर महारूद्र यज्ञ करे के तईयारी कईल जारहल बा ।
कलैया के देवकीलाल धर्मशाला मे पत्रकार समेलन कर के श्रीसीता राम सन्त समाज जनकारी करावले बानी । पत्रकार समेलन मे नेपाल के मधेश आन्दोलन मे साहदत प्राप्त सहिद सब के आत्मा के शान्ति खातिर महारूद्र यज्ञ कर के स्मारक निर्माण करे के जनकारी करावले बा ।
फागुन के १२ गते एक सय १० जने सहिद के सहिद स्मारक निर्माण करे खातिर झण्डा गाडे के शुभ आरम्भ करे के कार्जक्रम रहल बा ओही दिन महारूद्र यज्ञ के समय दिन तय कईल जाये के जनकारी करावल गईल बा ।
झण्डा गाडे के दिन प्रदेश नम्वर २ के पर्यटन तथा वन मन्त्री रामनरेश यादव के प्रमुख अतिथि मे आ अर्थ राज्यमन्त्री उषा कुमारी यादव के विशिष्ट अतिथियता मे करे के कार्जक्रम रहल सन्त समाज जनकारी करावले बानी ।
करिब ३० लाख के जन सहभागिता के लागत मे महारूद्र यज्ञ के माध्यम से सहिद स्मारक निर्माण करे के लक्ष्य रहल श्री सीता राम सन्त समाज के केन्द्रीय संगठन प्रमुख देवदन दास जनकारी करावले बानी । यज्ञ उदघाटन के दिन मधेश के २२ जिल्ला के सदरमुकाम मे हेलिकप्टर से फुल के वर्षात कईल जाएके जनकारी करावल गईल बा ।
पत्रकार समेलन मे श्रीराम मोहन दास नेपाली बाबा, सल्लाहकार गम्भीरा सहनी आ ताजिर मंसुर के सहभागिता रहल रहे ।






