युथ कांग्रेस नेपाल पर्सा गठन

वीरगंज ०८ फागुन

नेपाली कांग्रेस निकट रहल युवालोग के संगठन “युथ कांग्रेस नेपाल” पर्सा जिल्ला कार्य समिति विस्तार भईल बा । आजु बीरगंज स्थित ठाकुर राम क्याम्पस मे बईठक बईठके सुमेस्वर साह के अध्यक्षता मे २१ सदस्यीय कार्यसमिति विस्तार कईल बा ।

नेपाल के युवा लोकतन्त्रवादीलोग के अभियान युथ कांग्रेस नेपाल पिछिलका ३ बरीस से लोकतन्त्र के सुदृढीकरण आ सुशासन के प्रत्याभुती के खातिर अनेकन कार्जक्रम चलावत आ रहल बा ।

युथ कांग्रेस नेपाल प्रदेश नं २ के सदस्य राहुल कुमार गुप्ता के प्रमुख अतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे वि.पि कोइराला युवा मन्च के प्रदेश नं. २ के सम्पर्क ब्यक्ति मनोहर साह, वि.पि कोइराला विकाश मन्च पर्सा जिल्ला अध्यक्ष हरेन्द्र यादव, नेपाली कांग्रेस के युवा नेता धिरज गुप्ता लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

उ संगठन के कार्यसमिति उपाध्यक्ष मे अनिल पटेल, नरेश प्रसाद रौनियार, सचिव मे राहुल कुमार कानु, सह–सचिव मे पवन कुमार पटेल, श्याम गुप्ता, कोषाध्यक्ष मे अंजली मण्डल, सदस्यलोग मे देवनाथ महतो, प्रदिप गुप्ता, मुकेश गुप्ता, सुमित श्रीवास्तव, जाहुर अंसारी, रन्जन सरार्फ, दिपक महतो, रंजित कुमार कानु, केशव कुमार मण्डल, प्रदिप साह, रंजित कुमार कानु, सुजित कुमार मिश्र, श्याम गुप्ता, अकाश गुप्ता, राजु गुप्ता रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।