नेपाल महिला संघ कलैया मे कईलख विरोध सभा

प्रभु यादव

बारा ०९ फागुन

बारा के कलैया मे नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी प्रचण्ड–नेपाल समर्थक अखिल नेपाल महिला संघ बारा बिरोध सभा कईले बा ।

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी केन्द्रिय कार्यलय के फागुन २ गते पूर्ब निधारित कार्जक्रम अनुसार फागुन ९ गते प्रतिगमन आ जनानी हिंसा, हत्या अउरी बलात्कार के विरुद्ध देश व्यापी जनानी लोग से बिरोध करे के निर्णय के मोताविक प्रदर्शन आ विरोध सभा के आयोजना कईले रहे ।

जिल्ला पार्टी कार्यलय से निकलल जुलुस नगर परिक्रमा कर के नगर के मुख्य चौक मे पुग के विरोध सभा कईले रहे । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नेकपा के केन्द्रिय सदस्य आ बीरगंज महानगर इन्चार्ज दिनेश राइ देश मे बितल समय मे राणा जाहानिया, बरीसो से चलावत आईल राजतन्त्र ईहा के जनता हटा देहलख आ प्रजातन्त्र आउरी गणतन्त्र मे आगईल कहत प्रधानमन्त्री केपी ओली के अभी के समय के तानाशाह प्रबिधक कवनो काम नालागी जनकारी करावले रहनी ।

कुछ समय लागी सदन पुनःस्थापन होवे करी प्रमुख अतिथि राई कहनी । महिला बिरोध कार्जक्रम मे पुरुषोत्तम पौडेल, नेकपा बारा जिल्ला अध्यक्ष क्षेत्र बहादुर श्रेष्ठ, प्रदेश सभा सदस्य सुन्दर बिश्वकर्मा, सीता गुरुङ, प्रदेश कमिटी सदस्य शिव चन्द्र कुश्वाहा, रबि दंगाल, गिता कडेल, संविधान सभा सदस्य दिलमाया धामी, बिभा कार्की अनेम केन्द्रिय सदस्य सिला खनाल रिता यादव लगायत के लोग अभि के समय मे भईल गैरसंविधानिक के विरोध कईले रहे ।

बिरोध कार्जक्रम के अध्यक्षता शोभा कार्की कईले रहली आ स्वागत मालती कुशवाहा कईले रहली सञ्चालन सरिता सुब्बा कईले रहली ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।