हेङ्गौलिया स्कुल मे नियम विपरीत शिक्षिका के प्र.अ.के जिम्मेवारी देहल गईल

बारा १० फागुन
बाराको बारागढी–६ हेङ्गौलियास्थित श्री नेपाल राष्ट्रिय आधारभुत विद्यालय मे नियम विपरीत शैक्षिक लाइसेन्स रहित उहाँ कार्यरत शिक्षिका के निमित्त प्रधानाध्यापक के जिम्मेवारी देहल गईल बा ।
गाँवपालिका इहे फागुन २ गते उहाँ पीसीएफ कोटा मे कार्यरत शिक्षिका निभा मिश्रा के गैरकानूनी रुप मे निमित्त प्र.अ.के जिम्मेवारी देहले बा ।
गाँवपालिका अन्तर्गत के स्थायी शिक्षक के उहाँ पठाके प्र.अ.के जिम्मेवारी देवेके जगहा मे गाँवपालिका के शिक्षा शाखा के प्रमुख जलमती चौधरी गापा अध्यक्ष के मिलीभगत मे कानून विपरीत शैक्षिक अध्यापन के लाइसेन्स के म्याद ओरईला ८ बरीस बितला पर भी शिक्षिका के निमित्त प्र.अ.के जिम्मेवारी देहल गईल बा ।
चौधरी गापा मे कार्यभार सम्हारल समय से हि उहाँस्थित विद्यालयसब के अवस्था भद्रगोल बनत गईल बा । चौधरी आपन मनोमानी रुप मे शिक्षक सरुवा करेके, नियुक्ति करेके काम कईला के चलते हेङ्गौलिया स्कुल मात्र ना होके गाँवपालिका अन्तर्गत के अधिकांश स्कुल के अवस्था दयनीय बनत गईल बा ।
व्यवस्थापन समिति विहीन रहल उ स्कुल के तत्कालीन व्यवस्थापन समिति अध्यक्ष सरोज मिश्रा आपन पारिवारिक स्कुल बनवले बाडन । बारा के निजगढस्थित सिंगौल स्कुल मे राहत कोटा मे अध्यापन करावत आईल मिश्रा बारागढी–६ हेङ्गौलिया निवासी हउवन् । उ स्कुल मे मिश्रा के परिवार के तीन जनानी सदस्य काम करेलन ।
स्कुल मे नियुक्ति के विषय के लेके विवाद उत्पन्न भईला के बाद अध्यक्ष पद से राजीनामा देत मिश्रा आपन कार्यस्थल सिंगौल स्कुल गईल बाडन, आ हेङ्गौलियास्थित के स्कुल व्यवस्थापन समिति विहीन बनल बा ।
नेपाल सरकर के नियम मुताविक १ जने स्थायी, १ जने गापा तथा १ जने बालविकास अन्तर्गत शिक्षक खटेके चाहिं आ उहे नियमानुसार गाँवपालिका स्थायी शिक्षक भागवत साह के इहे माघ के तिसरका हप्ता मे उ विद्यालय मे सरुवा करके पठवले रहे माकिर उ उपस्थित ना होत फेनु दोसर जगहा पठावल गईल ।
सरुवा कईल शिक्षक भागवत साह के मुताविक खुद के हेङ्गौलिया स्कुल मे सरुवा कईल कहके जानकारी अईला के बाद खुद चिठी बुझे गईला पर शिक्षा शाखा प्रमुख जलमती चौधरी अपने के उहाँ ना पठावे खातिर खुद के बहुते दबाब सिर्जना भईल कहत आपन कार्यस्थल मे काम करेके बतवनी ।
एने गाँवपालिका प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत आमोद चौधरी उहाँ स्थायी शिक्षक ना भईला के चलते २०७८ असार मसान्त तक के खातिर निभा मिश्रा के निमित्त प्रअ के जिम्मेवारी देहल गईल बतवनी ।
जिरो दरबन्दी मे स्कुल रहला के चलते केहु के उहाँ दरबन्दी नईखे, माकिर गापा स्थायी शिक्षक पठईला पर केहु जाएके ना मानला के बाद उहाँ पिसिएफ कोटा मे कार्यरत शिक्षिका मिश्रा के तत्काल के खातिर जिम्मेवारी देहल गईल बतवनी ।
उनका मुताविक उलोग सँगे रहल लाइसेन्स के म्याद भी ओराईल जानकारी अईला से उलोग के २५ दिन भितर नयाँ लाइसेन्स बुझावे खातिर निर्देशन देत प्रअ के जिम्मेवारी देहल गईल बतवनी ।






