खाद्य व्यवस्था तथा व्यापार कम्पनी लिमिटेड आउर पाँच हजार क्विटल धान किनी

वीरगंज १२ फागुन
खाद्य व्यवस्था तथा व्यापार कम्पनी लिमिटेड शाखा कार्यालय वीरगंज चालु आर्थिक बरीस मे मिलल सोना मन्सुली धान खरिद कोटा के लक्ष्य पुगे ना सकला के बाद आउर ५ हजार क्विटल खरिद करेके भईल बा ।
शाखा चालु आर्थिक बरीस के खातिर ३० हजार क्विटल सोना मन्सुली धान खरिद के कोटा मिलला मे अभी तक रु ९ करोड २१ लाख १ हजार ६५ मूल्य बराबर के ३१ हजार २९६ क्विटल धान मात्र खरिद करे सकला से आउर ५ हजार क्विटल धान खरिद करके लक्ष्य भेटेके उ कार्यालय के शाखा प्रमुख विकास कटुवाल जानकारी देहनी ।
कम्पनी जिरामसिनो धान ५ हजार क्विटल खरिद करेके लक्ष्य मिलला मे अभी तक रु ३ लाख ३८ हजार ४३० मूल्य बराबर के ११७ क्विटल मात्र धान खरिद करे सकल बा ।
नेपाल से भारत मे जिरामसिनो धान बेसी उत्पादन भईला पर भी आयात होखे ना सकल तथा पर्सा के किसान कमे मात्रा मे जिरामसिनो धान के खेती करेवाला भईला से खरीद लक्ष्य मिले नइखे सकल ।
जिरामसिनो धान के बदले सोना मन्सुली धान खरिद करेके कहके खरिद विभाग से निर्देशन अईला से आउर ५ हजार क्विटल सोना मन्सुली धान खरिद करे लागल उ कार्यालय के सूचना अधिकारी मुनीलाल कुशवाहा बतवनी ।
सङ्घीय सरकार ई बरीस किसान से प्रति क्विटल ७ दशमलव ३५ प्रतिशत बेसी मूल्य मे सोना मन्सुली धान तथा ६ दशमलव ५ प्रतिशत बेसी दाम मे जिरामसिनो धान खरिद करे लागल बा ।
सोना मन्सुली धान प्रति क्विटल रु २ हजार ८८५ तथा जिरामसिनो धान प्रति क्विटल २ हजार ९ सय मे खरिद करे लागल बा । पिछिलका बरीस उ कार्यालय २५ हजार क्विटल सोना मन्सुलीधान तथा ३२ क्विटल २५ किलो जिरामसिनो धान खरिद कईले रहे ।
पर्सा मे ८५ प्रतिशत किसान धान खेती करत आरहल बा । ई बरीस पर्सा के किसान ४७ हजार ५० हेक्टर क्षेत्रफल मे धान खेती करके २ लाख २८ हजार ५६० मेट्रिकटन धान उत्पादन कईले बाडन ।
पिछिलका बरीस से ई बरीस पर्सा के किसान रु ७ करोड ४४ लाख १७ हजार ६०० मूल्य बराबर के २ हजार ७५० मेट्रिकटन बेसी धान फरावल कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा के बाली विकास अधिकृत सुरेशप्रसाद चौरसिया जानकारी देहनी ।
एहितरे बारा जिल्ला मे किसान ५८ हजार २११ हेक्टर क्षेत्रफल मे धान खेती कईला मे २ लाख ५३ हजार ३८९ मेट्रिकटन धान उत्पादन कईले बा ।
खास करके पर्सा आ बारा जिल्ला के किसान खुद से उत्पादन कईल धान वीरगंज स्थित कम्पनी के बेंचत अईला पर भी ई बरीस तोकल लक्ष्य भेटे ना सकला पर उ लक्ष्य पूरा करे खातिर जिरामसिनो धान खरिद बन्द करके सोना मन्सुली धान खरिद करेके ओरी कार्यालय केन्द्रित भईल बा ।
सोना मन्सुली धान नेपाल मे सिफारिस ना भईल आ ई धान प्रतिबन्धित रहला पर भी नेपाल सरकार सोना मन्सुली धान खरिद के प्राथमिकता देत आईल बा ।






