नेकपा विवाद ना ओराए तक सहकार्य ना करेके कांग्रेस के निर्णय

काठमाण्डु १३ फागुन
प्रमुख विपक्षी नेपाली कांग्रेस नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) विवाद के अन्तिम टुंगो ना लागे तक उनो पक्ष से सहकार्य ना करेके बतवले बा ।
बियफे के दिने पार्टी सभापति शेरबहादुर देउवा के निवास बूढानीलकण्ठ मे बईठल पदाधिकारी आ पूर्व पदाधिकारीलोग के बईठक मे संसद पुनस्र्थापना भईला के बाद उत्पन्न राजनीतिक परिस्थिति के बारे मे समिक्षा भईल रहे ।
प्रतिनिधिसभा विघटन के निर्णय बदर करेके सर्वोच्च अदालत के फैसला से संविधान आ संसदीय प्रणाली के बँचावल वरिष्ठ नेता रामचन्द्र पौडेल बतवनी ।
बईठक मे सभापति देउवा नेकपा के दुनु पक्ष से सहकार्य के प्रस्ताव आईल कहत राय मँगले रहलन । जनता भी प्रतिपक्ष मे रहे खातिर म्याण्डेट देहल कहत नेतालोग सरकार मे जाए खातिर जलदी करेके ना होखी कहके बतवले बाडन ।
नेकपा विभाजन होके सरकार बने ना सकेके अवस्था अईला पर मात्र ई बारेमे पार्टी मे छलफल कईल उपयुक्त होखेके नेतालोग बतवले बाडन । “संसदीय प्रक्रिया कुछ सुरु भईल नइखे । ई अगाडि ना बढ के कांग्रेस से करेवाला भूमिका खासे कुछो नइखे” बईठक के बाद नेता पौडेल कहले बाडन ।
नेकपा के विवाद अन्तिम टुंगो ना लागे तक कांग्रेस केहु के पक्ष भा विपक्ष मे खडा होखे ना सकेके खुदसब के निष्कर्ष भईल नेता अर्जुननरसिंह केसी बतवले बानी ।






