पर्सा मे डेंगु नियन्त्रण के खातिर अभियान सञ्चालन कईल जाई

प्रभु यादव

बारा १६ फागुन

पर्सा मे डेंगु तथा आउर किटजन्य रोग नियन्त्रण के खातिर ‘सर्च एण्ड डिस्ट्रोय’ अभियान सञ्चालन करेके भईल बा । वीरगंज महानगरपालिका लगायत १४ गो स्थानीय तह मे अभियान सञ्चालन करे लागल बा ।

स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा मे एतवार के दिने बईठल स्वास्थ्य कार्यालय प्रमुख, जनस्वास्थ्य निरीक्षक, पालिका के स्वास्थ्य संयोजक, रेडक्रस सोसाइटी, खानेपानी तथा सरसफाइ डिभिजन कार्यालय, सुरक्षा निकाय के प्रतिनिधि समेत के बईठक से अभियान सञ्चालन करेके निर्णय कईले बा ।

वीरगंज सर्च एण्ड डिस्ट्रोय अभियान के खातिर बजेट हि विनियोजन कईले बा आ आउर पालिका के स्वास्थ्य संयोजकलोग बजेट हि ना भईल सिकाईत कईले बाडन । माकिर जरुरी बन्दोबस्ती करके डेंगु लगायत किटजन्य रोग नियन्त्रण के खातिर कदम चालेके प्रतिबद्धता स्वास्थ्य संयोजकलोग कईले बाडन ।

बईठक से डेंगु तथा किटजन्य रोगसब विरुद्ध जनचेतनामुलक पोष्टर पम्पलेटसब सार्वजनिक जगहा मे वितरण करेके, हरेक पालिका मे जनचेतना अभिवृद्धि करे खातिर विद्यालयसब मे स्वास्थ्य शिक्षा कार्जक्रम सञ्चालन करेके लगायत के निर्णय कईल जनस्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी ।

कार्जक्रम मे नारायणी अस्पताल के प्रमुख मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ट डाक्टर सञ्जय ठाकुर कार्यपत्र प्रस्तुत करत डेंगु रोग वर्षात ओरईला के बाद बेसी देखल गईल जानकारी करवनी । अव्यवस्थित सहरीकरण के चलते सहरी क्षेत्र मे कुछ बरीस एने डेंगु के प्रकोप देखल गईल बतावत उ डेंगु लागल ९० प्रतिशत के लक्षण ना देखल गईल बतवनी ।

नेपाल मे पहिलका बेर सन २००४ मे विदेशी नागरिक मे डेंगु देखाई पडल रहे ।

पिछिलका तथ्याङ्क देखला पर प्रदेश नं १, बागमती, गण्डकी प्रदेश आ प्रदेश ५ मे एकर प्रकोप बेसी देखल गईल बा । आर्थिक बरीस ०७६÷७७ मे देशभर १ हजार ५ सय ३७ गो केस मिलला पर ई प्रदेशसब मे क्रमशः ५ सय ६३, ५ सय ५९, ३ सय ३९ जने मे डेंगु के संक्रमण देखल गईल बा ।

स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख वरिष्ठ जनस्वास्थ्य अधिकृत कामेश्वर चौरसिया किटजन्य रोगसब बेर बेर दुःख देरहला से सभी मे सावधानी अपनावेके बात मे जोड देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।