ब्रह्माकुमारी राजयोग सेवा केन्द्र बारा, पर्सा, रौतहट के पत्रकारलोग के सम्मान कईलख
वीरगंज २१ फागुन
ब्रह्माकुमारी राजयोग सेवा केन्द्र वीरगंज राजयोग सेवा मे क्रियाशिल ५० जने पत्रकारलोग के सम्मान कईले बा ।
राजयोग सेवा केन्द्रद्धारा आजु पिलुवावा स्थित शान्ति पार्क मे एगो भव्य समारोह के बीच बारा, पर्सा, रौतहट के सञ्चारकर्मीलोग के सम्मान कईले बा । ८५ वाँ महाशिवरात्री महोत्सव के अवसर मे भईल एक विशेष कार्जक्रम मे प्रदेश नं. २ के उद्योग वन तथा पर्यटनमन्त्री रामनरेश राय यादव पत्रकारलोग के कदरपत्र से सम्मान कईले रहनी ।
सेवा केन्द्र वीरगंज के प्रमुख सञ्चालिका रविना दिदी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य ज्वाला साह, नेपाली काँग्रेस के नेता शोभाकर पराजुली, प्रोफेसर राधेश्याम सिवाकोटी, प्रमुख प्रशिक्षक राजु घले, पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के सचिव गुरु प्रसाद गौतम, पर्सा जिल्ला अध्यक्ष श्याम बञ्जारा, सचिव युवराज खडका, गुणराज भाई लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।






