शर्मा के हत्या कर के फरार रहल साह के पुलीस पकडलख

प्रभु यादव

बारा २५ फागुन

बारा के निजगढ नगरपालिका वार्ड नम्वर ९ बुद्ध चौक के बरीस १८ के कालू कहेवाला रोहित शर्मा के हत्या कर के फरार भईल अभियुक्त पकडाईल बाडन ।

पकडाईल अभियुक्त रौतहट चन्द्रपुर नगरपालिका वार्ड नम्वर ४ के बरीस २९ के अरूण कुमार साह रहल बाडन । मृतक रौतहट के चन्द्रपुर नगरपालिका वार्ड नम्वर ४ मे घर रहल आ निजगढ नगरपालिका वार्ड नम्वर ९ मे घर बना के रहरहल एकेले भईल समय मे शर्मा के साह घेट मे चाकु मार के हत्या कईल साकारल बारा प्रहरी कार्यालय पत्रकार समेलन कर के जनकारी करावले बा ।

घटना के सम्बन्ध मे आईल सूचना मिलते ईलका प्रहरी कार्यालय निजगढ से प्र.नि. आ जिल्ला से प्रहरी नायव उपरिक्षक गौतम मिश्र के अगुवाई मे पुगला पर चेक जाँच कईला वाद फरार रहल साह के अनुसन्धान कर के पकडल गईल जनकारी करावले बानी ।

घटना के अनुसन्धान कईला पर रौतहट के चन्द्रपुर नगरपालिका वार्ड नम्वर ४ मे हत्यारा साह पुग के आपन घर मे कपडा खोल के घरेमे रहल किराना दुकान मे मोटरसाईकल आ चाकु राख के बईठल अवस्था मे मिलल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

साह के मृतक शर्मा के पहिले से रिसवी रहल लागू औषध सेवन करे के समय मे बादविवाद होत रहल आ ओहि क्रम मे साह के शर्मा पेस्तोल से मारे के कहल रिसवी से मारले बानी साह प्रहरी के आपन बयान देहले बाडन ।

सोमवार के रात के करीब ९ः३० बजे के समय मे मृतक शर्मा के निजगढ के घर मे पुग के रात रह के मगर के दिन सवेरे ४ बजे के समय मे चकु से घेट मे मार के चन्द्रपुर आपन घर मे पुगल साह से बतावल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

पकडाईल साह के कर्तव्य ज्यान सम्बन्धि मुद्दा मे थप अनुसन्धान होरहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनकारी करवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।