परवानीपुर गाँवपालिका के सात वाँ गाँव सभा पुरा

वीरगंज ११ चईत

बारा के परवानीपुर गाँवपालिका के आजु सात वाँ गाँव सभा परवानीपुर स्थित कृषि अनुसन्धान केन्द्र मे एगो कार्जक्रम के बीच पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अथिति गाँवपालिका प्रमुख हरि नारायण शाह २० बरीस मे ना भईल काम खुदसब ३ बरीस मे करके देखावल बतवले रहनी । उ गाँवपालिका के विकास देखे खातिर हरेक वार्ड मे जाए खातिर आम नागरिक के निहोरा कइनी ।

कोरोना के चलते गाँवपालिका के विकास निर्माण मे कुछ कमी भईला पर भी छुटल योजनासब के ई सभा से परिपूर्ति करेके बतवनी । गाँवपालिका के विकास मे सहजोग पुगावेवाला भईला से सभी वार्ड अध्यक्ष, गाँवपालिका सदस्य, कर्मचारी लगायत के धन्यबाद देहनी । आजु के सभा सर्व सहमति से पारित भईल रहे ।

कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सुनिल कुमार चौरसिया शुभ कामना देत सभी गाँवपालिका के प्रतिनिधिलोग से मिलके काम करेके प्रतिबद्धता जनवनी । उ अभी के समय के बेसी से बेसी काम करके देखावेके बात मे जोड देहनी । साथे उ कानुन के दायरा मे रहके योजना बनावे खातिर सभी जनप्रतिनिधि से निहोरा कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे वार्ड नं ४ के वार्ड अध्यक्ष गजेन्द्र पटेल ई गाँवपालिका के विकास के खातिर सभी मिल के काम कईल जरुरी रहल बतवले रहनी । वितल समय मे भईल कमी कमजोरी के भोर पराके नयाँ तरिका से अगाडि बढेके बात मे जोड देहले रहनी ।

कार्जक्रम मे गाँवपालिका उपाध्यक्ष सावित्री देवी, पाँचु वार्ड के वार्ड अध्यक्ष, कार्यपालिका सदस्य, गाँवपालिका सदस्य, कर्मचारी, सुरक्षाकर्मी, सञ्चारकर्मी लगायत के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के सञ्चालन रवीन्द्र कुमार मिश्र कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।