पत्रकार महासंघ पर्सा के १८ पद के खातिर ३५ जने के उम्मेदवारी दर्ता

वीरगंज २२ चईत
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के आवेवाला चईत २५ गते होखेवाला निर्वाचन के खातिर आजु मनोनयन दर्ता भईल बा ।
महासंघ पर्सा शाखा के १८ पद के खातिर दु गो प्यानलबाट आ कुछ स्वतन्त्र करके ३५ जने के उम्मेदवारी दर्ता भईल बा ।
प्रेस युनियन, प्रेस संगठन, प्रेस मञ्च, मधेशी पत्रकार समाज के संयुक्त गठबन्धन से अध्यक्ष मे रितश त्रिपाठी, उपाध्यक्ष मे राघव साह, महिला उपाध्यक्ष मे निलिमा पौडेल, सचिव मे क्रान्ति शाह, सह–सचिव मे मनोज पटेल, सह–सचिव (समावेशी) मे अमित साह आ कोषाध्यक्ष मे निरज पिठाकोठे मगर उम्मेदवारी दर्ता करवले बाडन ।
एहितरे प्रेस चौतारी से अध्यक्ष मे अनुप तिवारी, उपाध्यक्ष मे युराज खड्का, महिला उपाध्यक्ष मे शुष्मा शर्मा, सचिव मे भुषण यादव, सह–सचिव मे जियालाल साह, सह–सचिव (समावेशी) मे जितेन्द्र साह आ कोषाध्यक्ष मे संजिव मिश्रा उम्मेदवारी दर्ता करवले बाडन । एहितरे स्वतन्त्र से उपाध्यक्ष मे शेखर छतकुली आ सह–सचिव मे सुरेश बिडारी भी उम्मेदवारी देहले बाडन । महिला सदस्य मे कविता खड्का आ बिमला गुप्ता नाम दर्ता करवले बाडन । दलित सदस्य मे छेदीराम (सुवाष) राम निर्विरोध निर्वाचित भईल बाडन ।
एहितरे आदीवासी जनजाती एक सदस्य के खातिर दुनु समूह से एक÷एक जने करके २ जने, एक मधेशी सदस्य के खातिर ३ जने, अन्य एक समावेशी सदस्य मे २ जने आ आउर ६ सदस्य के खातिर १३ जने के उम्मेदवारी पडल प्रमुख निर्वाचन अधिकृत जगदिश शर्मा जानकारी करवले बानी ।
एहितरे ४ केन्द्रिय परिषद सदस्य के खातिर ८ जने, ९ प्रदेश परिषद सदस्य के खातिर १६ जने के उम्मेदवारी पडल बा । चईत २५ गते होखेवाला निर्वाचन के खातिर एतवार के सबेरे ११ बजे से ५ बजे तक उम्मेदवारी दर्ता भईल रहे ।






