बितल २४ घण्टा मे बारा आ पर्सा मे कोरोना से तीन जने के मृत्यु

वीरगंज ३१ चईत
पिछिलका २४ घन्टा मे पर्सा आ बारा मे कोरोना संक्रमण से आउर ३ जने के मृत्यु भईल बा । पिछिलका पर्सा के २ आ बारा के १ जने के मृत्यु भईल बा । पर्सा के वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे उपचाररत वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर–३ प्रगतिनगर के ६२ बरीस के बुढ के मंगर के सबेरे साढे ८ बजे मृत्यु भईल बा ।
स्वास्थ्य मे समस्या देखल गईला के बाद ईलाज के खातिर नारायणी अस्पताल मे २९ चईत मे भर्ना भईल रहलन । कोरोना के आशंका भईला के बाद अस्पताल के प्रयोगशाला मे उहे दिन पीसीआर परीक्षण कईला पर कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
तीन दिन से ईलाज करा रहल उनकर मंगर के सबेरे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के कोभिड कोअर्डिनेटर डाक्टर सरोजरोशन दास जानकारी देहनी । एक महिना पहिले भारत के नयाँ दिल्ली मे बेटा के भेट करे गईल उ कुछ दिन पहिले मात्र नेपाल फिर्ता भईल रहलन ।
एहितरे, पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ के ५५ बरीस के कोरोना संक्रमित पुरूष के मृत्यु भईल बा । चितवन के भरतपुर अस्पताल मे ईलाज के समय मे उनकर सोमार के दिने मृत्यु भईल बा ।
एहितरे बारा के जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ९ के ३७ बरीस के युवक के भी कोरोना के कारण मृत्यु भईल छ । वीरगन्जस्थित नारायणी अस्पतालमा उपचाररत रहेका उनको मङगलबार बिहान साढे ३ बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी । उ होली से दु दिन पहिले मात्र (चईत २४ गते) भारत के हैदरावाद से घर आईल रहलन ।
स्वास्थ्य मे समस्या देखल गईला के बाद ईलाज के खातिर उनका के चईत २६ गते वीरगंज के एडभान्स हस्पिटल मे भर्ना कईल रहे । पीसीआर परीक्षण कईला पर कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद चईत ३० गते रात १ बजे नारायणी अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । नारायणी अस्पताल मे ईलाज के समय मे उनकर भी मंगर के दिने मृत्यु भईल बा ।
एहितरे प्रदेश–२ मे पिछिलका २४ घण्टा मे ५६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । प्रदेश के अनेकन जगहा मे रहल कोरोना प्रयोगशाला मे १ सय २५ जने के परीक्षण कईला पर ५६ जने संक्रमित देखल गईल बाडन ।
प्रदेश स्वास्थ्य निर्देशनालय के मुताविक प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला, जनकपुरधाम मे २६ गो परीक्षण कईला पर १२ जने संक्रमित देखल गईल बाडन । एहितरे गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल, राजविराज मे ४ जने के परीक्षण कईला पर २ आ नारायणी अस्पताल बीरगंज मे ९५ जने के परीक्षण कईला पर ४० जने संक्रमित देखल गईल बाडन ।
कउन जिल्ला मे केतना संक्रमित ?
पिछिलका २४ घण्टा मे सबसे बेसी पर्सा के ३८ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । संक्रमित होखेवाला १ जने बहादुरमाई नगरपालिका के बाडन आ बाँकी सभी बीरगंज महानगरपालिका के हउवन ।
एहितरे सिरहा मे ७ जने, धनुषा आ बारा मे ४÷४ जने, सप्तरी मे २ जने आ महोत्तरी मे एक जने कोरोना संक्रमित देखल गईल बाडन ।
एकरा सँगे अभी तक प्रदेश मे संक्रमित होखेवाला के संख्या १७ हजार ४ सय ३ पुगल बा ।






